Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Neeraj Chopra: दुनिया के नंबर वन जैवलिन थ्रोअर बन नीरज चोपड़ा रचलें इतिहास, अइसन करे वाला पहिला भारतीय बनलें

Number One Javelin Thrower: भारत के स्टार जैवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा वर्ल्ड रैंकिंग में नंबर वन के पोजीशन हासिल कs लेले बाड़ें। नीरज ई रैंकिंग हासिल करे वाला पहिला भारतीय बनलें।

1,375

Number One Javelin Thrower Neeraj Chopra: भारत के स्टार जैवलिन थ्रोअर नीरज चोपड़ा सोमार के वर्ल्ड रैंकिंग में नंबर वन ले पोजीशन हासिल कs के इतिहास रच देलें। वर्ल्ड एथलेटिक्स द्वारा जारी कइल गइ ताजा रैंकिंग में नीरज चोपड़ा पुरुष भाला फेंक स्पर्धा में नंबर वन खिलाड़ी बन गइलें। ओलंपिक चैंपियन नीरज चोपड़ा वर्ल्ड रैंकिंग में नंबर वन के पोजीशन हासिल करे वाला पहिला भारतीय एथलीट बनलें।

नीरज चोपड़ा पहिला बेर 2021 के टोक्यो ओलंपिक में ट्रैक आ फील्ड इवेंट में गोल्ड मेडल जीते के कारमाना कइले रहस। स्टार भारतीय जैवलिन थ्रोअर एंडरसन पीटर्स के पीछे छोड़ नंबर वन के स्थान हासिल कइलें। लेटेस्ट रैंकिंग के मोताबिक, नीरज चोपड़ा के लगे 1455 आ एंडरसन पीटर्स के 1433 अंक बा। नीरज के लगे 22 अंकन के बढ़त बा। ओहिजा जैकब वडलेज्ज 1416 अंक के संगे रैंकिंग में तीसरा नंबर पs मवजूद बाड़ें।

दोहा डायमंड लीग जीतके कइले रहस 2023 के आगाज

नीरज चोपड़ा एह सीजन के आगाज दोहा डायमंड लीग के संगे कइले रहस। ऊ दोहा में खेलल गइल डायमंड लीग प्रतियोगिता में जीत हासिल कइले रहस। नीरज प्रतियोगिता में 88.67 मीटर के रिकॉर्ड बनवले रहस आ पहिला स्थान अपना नामे कइले रहस।

बता दीं कि नीरज चोपड़ा ओलंपिक में गोल्ड मेडल जीतला के बाद ज्यूरिख में आयोजित डायमंड लीग में 89.63 मीटर भाला फेंकके गोल्ड मेडल अपना नामे कइले रहस। नीरज चोपड़ा 4 जून के नीदरलैंड होंगेलो में फैनी ब्लैंकर्स-कोएन गेम्स में हिस्सा लिहें। एकरा बाद 13 जून के ऊ फिनलैंड के तुर्कू में होखे वाला नूरमी गेम्स के हिस्सा बनिहें।

जैवलिन में पहिला बेर भारत के दिलवले रहस गोल्ड 

गौर करे वाला बात बा कि नीरज चोपड़ा भारत खातिर जैवलिन में ओलंपिक गोल्ड मेडल जीते वाले पहिला एथलीट बनल रहस। एकरा बादे उनका शानदार प्रदर्शन जारी है. अब आगे होने वाले खेलों में उनका प्रदर्शन देखना दिलचस्प होगा.

551470cookie-checkNeeraj Chopra: दुनिया के नंबर वन जैवलिन थ्रोअर बन नीरज चोपड़ा रचलें इतिहास, अइसन करे वाला पहिला भारतीय बनलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.