Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हाकी : भारतीय पुरुष हाकी टीम के हरवलस स्पेन, महिला टीमो हारल

एफआइएच प्रो लीग मैच में 3-5 से मीलल हार

327

भुवनेस्वर में होखे आला एफआइएच प्रो लीग मैच में स्पेन भारतीय हाकी टीम के हरा देहलस| भारत ओर से मैच के छठवे मिनट में एगो गोल क के बढ़त दिअवनें लेकिन ओकरे बादे 14वें मिनट अउर 24वा मिनट में दू गो पेनाल्टी गोल क के अउर जोन टेरेस के मैदानी गोल से स्कोर ३-१ क लेहलस| पेपे कुनिल अउर कप्तान मार्क मिरालेस दू गो अउरी गोल क के आपन जीत पक्का क लेहनें लोग| भारत के ओर से हरमनप्रीत सिंह अउर सुखजीत सिंह दू गो अउरी गोल कइनें लोग|

भारतीय महिला टीमो हारल

भारतीय महिला टीमो के बडिए नजदीकी मोकाबिला में स्पेन से 3-4 से हार के सामना करे के पडल| भारतीय महिला टीम के एफआइएच प्रो लीग मैच में पहिला हार ह| दूनो टीम के बीच मोकबिला में मैच 3-3 के बराबरी पs रहल लेकिन जब मैच ख़तम भइले में बस 35सेकेण्ड बाकी रहल तब्बे स्पेन के जांटाल निर्नायक गोल क देहली| स्पेन के ओर से बेगोना गार्सिया दू गो गोल जबकि माइयालेन गार्सिया एक गो कइली| भारतीय टीम ओर से संगीता कुमारी, सलीमा टेटे अउर नमिता टोप्पो गोल कइली|

222800cookie-checkहाकी : भारतीय पुरुष हाकी टीम के हरवलस स्पेन, महिला टीमो हारल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.