Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

20 मार्च से संबंधित भारतीय इतिहास

20 मार्च के कुछ अइसने महत्वपूर्ण घटना के बारे में बताईं, ई जान के जवना में राउर सामान्य ज्ञान बढ़ी।

602

 

20 मार्च से संबंधित भारतीय इतिहास

20 मार्च ग्रेगोरी कैलेंडर के अनुसार साल में 79वाँ दिन होला आ अगर अधिबरिस होखे तब 80वाँ दिन होला। भारत आ विश्व इतिहास में 20 मार्च के आपन खास महत्व बा, काहे कि एह दिन कई गो महत्वपूर्ण घटना घटल जवन इतिहास के पन्ना में हमेशा खातिर दर्ज बा। 20 मार्च के कुछ अइसने महत्वपूर्ण घटना के बारे में बताईं, ई जान के जवना में राउर सामान्य ज्ञान बढ़ी। एकट्ठा कइल तथ्य अइसन होखी जइसे कि: एह दिन जनमल मशहूर लोग, मशहूर लोग के मौत, युद्ध संधि, कवनो देश के आजादी, नया तकनीक के आविष्कार, सत्ता परिवर्तन, महत्वपूर्ण राष्ट्रीय आ अंतर्राष्ट्रीय दिन आदि।

1615 – मुगल सम्राट शाहजहां के बड़का बेटा आ उत्तराधिकारी दारा शिकोह के जनम 20 मार्च 1615 के भइल।

•1829 – हिन्दू संप्रदाय के भक्त स्वामीनारायण संप्रदाय के जनम 20 मार्च 1829 के भइल।

•1931 – केरल में दलित कार्यकर्ता आ लोककथा शोधकर्त्ता कवियुर मुरली के जनम 20 मार्च 1931 के भइल।

•1938 – भारतीय जैव रसायनज्ञ आ जैव प्रौद्योगिकीविद गोविन्दराजन पद्मनाभन के जनम 20 मार्च 1938 के भइल।

•1938 – भारतीय राजनीतिज्ञ आ समाजसेवी शेख शमीम अहमद के जनम 20 मार्च 1938 के भइल।

•1950 – भारतीय व्यापारी सावित्री जिंदल के जनम 20 मार्च 1950 के भइल।

• 1966 – भारतीय गायिका अलका याग्निक (जनम 20 मार्च 1966) के लगे महिला प्लेबैक गायिका श्रेणी में एकलौता नामांकित होखे के रिकार्ड बा।

• 1970 – भारतीय राजनीतिज्ञ, प्रखर लेखक आ खेलाड़ी जयपाल सिंह 20 मार्च 1970 के आखिरी साँस लिहलें।

• 1980 – गणेश वेंकटरमन (जनम 20 मार्च 1980) एगो भारतीय अभिनेता रहलें जे छह गो अलग-अलग भारतीय क्षेत्रीय फिलिम इंडस्ट्री सभ में अभिनय कइले बाड़ें।

• 1986 – ऋचा गंगोपाध्याय (जनम 20 मार्च 1986), भारतीय फिलिम अभिनेत्री आ मॉडल रहल, जे मुख्य रूप से तेलुगु फिलिम सभ में नजर अइली।

• 2008 – शोभन बाबू (निधन 20 मार्च 2008), भारतीय फिलिम अभिनेता, जे खासतौर पर तेलुगु सिनेमा में अपना काम खातिर जानल जालें।

•2014 – भारतीय लेखक, वकील, राजनयिक, पत्रकार आ राजनीतिज्ञ खुशवंत सिंह के निधन 20 मार्च 2014 के भइल।

•2017 – 20 मार्च 2017 के भारत के दू गो नदी यमुना आ गंगा के उत्तराखंड राज्य के कोर्ट द्वारा “जीवित इकाई” घोषित कइल गइल।

 

20 मार्च के पैदा भइल व्यक्ति

•1782-कर्नल टॉड – अंग्रेज़ अधिकारी एवं इतिहासकार, जिनके पहिला बेर राजस्थान के इतिहास के रास्ता खोले के श्रेय दिहल जाला।

•1966 – अलका याग्निक – एगो मशहूर भारतीय प्लेबैक गायिका बाड़ी।

•1982 – निशा मिलेट – एगो जानल मानल भारतीय तैराक रहली।

• 1973 – अर्जुन अटवाल – भारतीय पहिला गोल्फ खिलाड़ी।।

•1987 – कंगना राणावत, भारतीय अभिनेत्री।

• 1615 – दारा शिकोह – मुगल सम्राट शाहजहाँ आ मुमताज महल के बड़का बेटा रहलें।

 

 

20 मार्च के निधन 

•1727 – आइजैक न्यूटन – एगो महान गणितज्ञ, भौतिक विज्ञानी, ज्योतिषी आ दार्शनिक रहलें।

• 1943 – एस. सत्यमूर्ति – भारत के क्रांतिकारी नेता|

• 1943 – शशिभूषण रथ – ‘उड़िया पत्रकारिता के जनक’ आ स्वतंत्रता सेनानी रहलें।

• 1970 – जयपाल सिंह – भारतीय हॉकी के मशहूर खिलाड़ी में से एक।

•1972 – प्रेमनाथ डोगरा – जम्मू कश्मीर के नेता रहलें।

• 2008 – सोभन बाबू, भारतीय अभिनेता ।

•2014 – खुशवंत सिंह – भारत के मशहूर पत्रकार, लेखक, उपन्यासकार आ इतिहासकार।

• 2015 – मैल्कम फ्रेजर – ऑस्ट्रेलिया के प्रधानमंत्री रहलें।

•2011 – बोब क्रिस्टो– भारतीय फिलिम अभिनेत्री।

•1995 – रोहित मेहता – एगो मशहूर साहित्यकार, विचारक, लेखक, दार्शनिक, टीकाकार आ स्वतंत्रता सेनानी रहलें।

 

 

485150cookie-check20 मार्च से संबंधित भारतीय इतिहास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.