Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जूनियर महिला विश्व कप: नीदरलैण्ड्स के हरा इतिहास रचे उतरी भारत

425

जूनियर महिला हॉकी विश्व कप (JUNIOR WOMENS HOCKEY WORLD CUP): भारतीय महिला हॉकी टीम अतवार के तीन बेर के चैम्पियन नीदरलैण्ड्स के हरा के पहिला बेर एफआईएच जूनियर विश्व कप के फाइनल में जगे बनावे के इरादा से उतरी। टूर्नामेंट में भारत के अब तक के सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन 2013 में रहे जब टीम जर्मनी में कांस्य पदक जीतले रहे।

अजेय बा भारत के सफर

टूर्नामेंट में अब ले अजेय भारत वेल्स के 5-1, जर्मनी के 2-1, मलेशिया के 4-0 आ कोरिया के 3-0 हरवलस। सलीमा टेटे के अगुआई में टीम सब विभागन में  बेहतर प्रदर्शन कइले बिया। भारत अब ले 14 गो गोल कइले बा आ मात्र दु गो गोल खइले बा।

सेमीफाइनल में बा मजबूत विपक्षी के सोझा जीते के चुनौती 

भारत खातिर नीदरलैण्ड्स के चुनौती के पार पाइल आसान ना होई। तीन बेर के चैम्पियन होखला के अलावे पिछिला विश्व् कप के उपविजेतो हs। नीदरलैण्ड्सो अपना पुल के तीनो मैच जीत के टॉप पs रहल रहे आ क्वार्टर फाइनल में दक्षिण अफ्रीका के 5-0 से हरवलस। भारत के सोझा नीदरलैण्ड्स के रूप में मजबूत चुनौती रही।

मुमताज के बेहतरीन प्रदर्शन से भारत के उम्मीद बरिआर 

मुमताज खान 4 मैच में 6 गोल कs चुकल बाड़ी

जुवा स्टार मुमताज खान सभे के धियान अपना ओरि खींचले बाड़ी। ऊ टूर्नामेंट में छव गो गोल कs चुकल बाड़ी। लालरेमिस्यामी, लालरिंदकी आ शर्मिला के उनका खूब साथ मिलल बा। कप्तान सलीमा, लालरेमिस्यामी आ शर्मिला के रूप में तीन टोक्यो ओलंपियन के टीम में होखला से प्रदर्शन पs सकारात्म्क असर पड़ल बा।

240000cookie-checkजूनियर महिला विश्व कप: नीदरलैण्ड्स के हरा इतिहास रचे उतरी भारत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.