Operation Sindoor: भारत लिहलस पहलगाम के बदला, पाकिस्तान के आतंकी ठिकानन पs बड़ मिसाइल हमला

By Anurag Ranjan

Published on: May 7, 2025

भारत पाकिस्तान से पहलगाम आतंकी हमला के बदला लेले बा। पाकिस्तानी मीडिया के मुताबिक भारत मिसाइल हमला के माध्यम से पाकिस्तान के मुजफ्फरबाद समेत 9 आतंकी छिपल जगह के नष्ट कs देले बा। पाकिस्तानी मीडिया के

Share

भारत पाकिस्तान से पहलगाम आतंकी हमला के बदला लेले बा। पाकिस्तानी मीडिया के मुताबिक भारत मिसाइल हमला के माध्यम से पाकिस्तान के मुजफ्फरबाद समेत 9 आतंकी छिपल जगह के नष्ट कs देले बा। पाकिस्तानी मीडिया के दावा के कुछ देर बाद भारत सरकार भी आधिकारिक तौर पs एs हमला के पुष्टि कs देलस। एह हमला का बाद पाकिस्तान में हंगामा मच गइल बा. भारत मुजफ्फरबाद, कोटली आ बहावलपुर में आतंकी छुपा के जगहन पर बड़हन मिसाइल हमला कइले बा.

आशंका बा कि एह हमला में भारी संख्या में आतंकी के मौत हो सकेला. बहावलपुर में नाहियो त 30 जैश-ए-मोहम्मद आतंकी मारल गइल बाड़े. दोसरा जगहा मारल गइल आतंकियन के ब्यौरा एकट्ठा कइल जा रहल बा. भारत पाकिस्तान में खाली आतंकी छिपल जगहन के निशाना बनवले बा. अब भारतीय सेना भी पाकिस्तान पs हमला के पुष्टि कs देले बिया। ई हमला पाकिस्तान के 9 गो आतंकी छिपल जगहन पs ऑपरेशन सिंदूर के तहत कइल गइल बा। भारत के ओर से पाकिस्तान पs भईल इs अब ले के सबसे बड़ मिसाइल हमला बा। 

पीओके पs भी सर्जिकल स्ट्राइक

भारतीय सेना पाकिस्तान कब्जा कश्मीर (पीओके) में पाकिस्तान प भी सर्जिकल स्ट्राइक कईले बिया। भारत पोके के प्रमुख आतंकी अड्डा के तबाह कs देले बा। 

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.