भारत में स्ट्रोक के बढ़त मामिला पर डॉक्टरन के चेतावनी, 56% मौत के पीछे हाई बीपी आ 12% मामला में तंबाकू जिम्मेदार

By Shweta Supriya

Published on: Oct 29, 2026

नई दिल्ली। भारत में स्ट्रोक यानी दिमाग में खून के बहाव में रुकावट भा दिमागी नस फटे के बढ़त खतरा के कम करे खातिर तंबाकू के लत छुड़ावे आ हाई ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे

Share

नई दिल्ली। भारत में स्ट्रोक यानी दिमाग में खून के बहाव में रुकावट भा दिमागी नस फटे के बढ़त खतरा के कम करे खातिर तंबाकू के लत छुड़ावे आ हाई ब्लड प्रेशर के नियंत्रित करे पर खास ध्यान देवे के जरूरत बा। विश्व स्ट्रोक दिवस से पहिले विशेषज्ञ लोग कहले कि खाली जागरूकता अभियान चलवला से एह समस्या के समाधान ना होई। एकरा खातिर लोग के तंबाकू छोड़े में लगातार मदद आ बेहतर स्वास्थ्य सेवा उपलब्ध करावे के पड़ी।

स्ट्रोक से होखे वाला मौत में तंबाकू के बड़ भूमिका

ग्लोबल बर्डन ऑफ डिजीज के आंकड़ा के साल 2024 में भइल विश्लेषण के मुताबिक, भारत में स्ट्रोक से होखे वाला मौत में 12 प्रतिशत मौत के जिम्मेदार तंबाकू के सेवन रहे, जबकि 56 प्रतिशत मौत के संबंध हाई सिस्टोलिक ब्लड प्रेशर से रहे।

विश्व स्वास्थ्य संगठन के मुताबिक, भारत में हर साल तंबाकू के सेवन से करीब 13.5 लाख लोग के मौत हो जाला। देश में सिगरेट के अलावा बीड़ी, खैनी, गुटखा आ जरदा जइसन उत्पाद के भी बड़ पैमाना पर इस्तेमाल होला।

नोएडा के मेदांता सुपर स्पेशियलिटी अस्पताल के न्यूरोसर्जरी आ न्यूरोसाइंसेज विभाग के निदेशक डॉ. यशपाल सिंह बुंदेला कहले कि निकोटीन के लत के चलते लोग खातिर तंबाकू छोड़ल मुश्किल हो सकेला। एह से परामर्श, निकोटीन रिप्लेसमेंट थेरेपी आ दोसरा प्रमाणित इलाज के सुविधा बढ़ावे के चाहीं।

युवाजन में बढ़ रहल बा स्ट्रोक के खतरा

मेट्रो ग्रुप ऑफ हॉस्पिटल्स के वरिष्ठ न्यूरोलॉजिस्ट डॉ. सोनिया लाल गुप्ता कहली कि स्ट्रोक अब खाली बुजुर्ग लोग के समस्या नइखे रह गइल। अनियंत्रित ब्लड प्रेशर, डायबिटीज, मोटापा, धूम्रपान, शारीरिक गतिविधि के कमी आ लक्षण के पहचाने में देरी से एकर खतरा बढ़ सकेला।

स्ट्रोक तब होला, जब दिमाग के कवनो हिस्सा में खून के सप्लाई रुक जाला भा दिमाग में खून बहे लागेला। पर्याप्त खून ना मिलला पर कुछे मिनट में दिमाग के कोशिका के नुकसान पहुँचे लागेला।

लक्षण लउके त तुरंत लीं इलाज

विशेषज्ञ लोग के मुताबिक, चेहरा के अचानक टेढ़ हो जाना, एक हाथ में कमजोरी आ जाना, बोले में परेशानी होखल, शरीर के संतुलन बिगड़ल आ अचानक देखे में दिक्कत होखल स्ट्रोक के प्रमुख लक्षण हवें। एह लक्षणन के सामान्य परेशानी समझ के नजरअंदाज ना करे के चाहीं।

सीके बिड़ला अस्पताल, पंजाबी बाग के श्वसन रोग विभाग के निदेशक डॉ. विकास मित्तल कहले कि तंबाकू पर नियंत्रण पावे के प्रभावी तरीका के बारे में खुल के आ वैज्ञानिक आधार पर चर्चा होखे के चाहीं। जापान में साल 2026 में प्रकाशित एगो अध्ययन के मुताबिक, उहाँ 15 से 64 साल के लोग में सिगरेट के इस्तेमाल साल 2017 के 20.7 प्रतिशत से घट के 2025 में 12.3 प्रतिशत रह गइल।

हालांकि, गर्म तंबाकू उत्पाद के इस्तेमाल 5.3 प्रतिशत से बढ़ के 11.7 प्रतिशत हो गइल। विशेषज्ञ लोग साफ कइले कि एह आंकड़न से ई साबित नइखे होत कि गर्म तंबाकू उत्पाद के बढ़त इस्तेमाल से सिगरेट के सेवन घटल भा स्ट्रोक के खतरा कम भइल।

बचाव खातिर नियमित जांच आ सही इलाज जरूरी

एम्स-दिल्ली के न्यूरोलॉजी विभाग के एडिशनल प्रोफेसर डॉ. अवध किशोर पंडित कहले कि तंबाकू छोड़े के साथे ब्लड प्रेशर आ डायबिटीज के नियंत्रित रखल भी जरूरी बा। नियमित जांच करावे आ डॉक्टर के सलाह के मुताबिक दवाई खइला से स्ट्रोक के खतरा कम हो सकेला।

विशेषज्ञ लोग तंबाकू के लत के शुरुआत रोके, युवा लोग के जागरूक करे आ लत छोड़े के कोशिश करे वाला लोग के लगातार मदद देवे पर जोर दिहले।

READ MORE: गोरखपुर में मीरा पांडेय हत्याकांड के मुख्य आरोपी मुठभेड़ में गिरफ्तार, दूसरा साथी कालू उर्फ कृष्णा भी पुलिस के हत्थे चढ़ल

https://khabarbhojpuri.com/gorakhpur-meera-pandey-murder-case-main-accused-arrested-encounter-kalu-krishna-held/

💬 Comments
?

No comments yet. Be the first to comment!

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.