स्पोर्ट्स डेस्क। फीफा विश्व कप 2026 में अर्जेंटीना फेर एक बेर अपना दमदार खेल देखवले बा। टीम अतिरिक्त समय (एक्स्ट्रा टाइम) में स्विट्जरलैंड के 3-1 से हरावत छठवां बेर विश्व कप के सेमीफाइनल में पहुंच गइल बा। अर्जेंटीना खातिर मैच के 10वां मिनट में एलेक्सिस मैक एलिस्टर, लियोनेल मेसी के कॉर्नर पs सानदार हेडर मार के पहिला गोल कइलें। एह गोल से टीम के बढ़त मिल गइल।
स्विट्जरलैंड हार माने वाला ना रहे। टीम 72वां मिनट में ब्रील एम्बोलो के गोल से मुकाबला 1-1 पs बराबरी पs आइल। बाकिर रेड कार्ड मिलला के बाद स्विट्जरलैंड के बाकी मैच 10 खिलाड़ी के संगे खेले के पड़ल। एक खिलाड़ी कम होखला के बादो स्विस टीम बहादुरी से मुकाबला करत रहे, बाकिर एक्स्ट्रा टाइम में अर्जेंटीना भारी पड़ गइल।
अतिरिक्त समय के 112वां मिनट में जूलियन अल्वारेज 18 गज दूर से सानदार गोल मार के अर्जेंटीना के फेर बढ़त दिलवलें। मैच के आखिरी पल में लौतारो मार्टिनेज तीसरा गोल दाग के 3-1 से जीत पक्का कs देलें। सानदार प्रदर्शन खातिर जूलियन अल्वारेज के प्लेयर ऑफ द मैच चुनल गइल।
पूरा मैच में अर्जेंटीना के दबदबा साफ देखे के मिलल। टीम 53 प्रतिशत समय गेना पs कब्जा रखलस, जबकि स्विट्जरलैंड के 40 प्रतिशत पजेशन मिलल। अर्जेंटीना 22 शॉट मरलस, जबकि स्विट्जरलैंड खाली 11 शॉट लगा सकल। पासिंगो में अर्जेंटीना आगे रहल। टीम 659 पास पूरा करत 89 प्रतिशत पासिंग सटीकता हासिल कइलस।
विश्व कप इतिहास में अर्जेंटीना अब तक छव बेर आधिकारिक सेमीफाइनल में पहुंच चुकल बा आ सबसे खास बात ई बा कि टीम आज तक सेमीफाइनल में कबो हारल नइखे। 1930, 1986, 1990, 2014, 2022 हर बेर अर्जेंटीना फाइनल तक पहुंचे में सफल रहल बा।
अब अर्जेंटीना के अगिला मुकाबला इंग्लैंड से होखे वाला बा। इंग्लैंड विश्व कप इतिहास में चार बेर सेमीफाइनल खेल चुकल बा। 1966 में टीम चैंपियन बनल रहे, जबकि 1990 आ 2018 में हार के सामना करे के पड़ल। एह साल नॉर्वे के हराके इंग्लैंड सेमीफाइनल में पहुंचल बा। अब दुनियाभर के फुटबॉल प्रेमियन के नजर अर्जेंटीना बनाम इंग्लैंड के हाई-वोल्टेज मुकाबला पर टिकल बा।
Read Also: 12 जुलाई 2026 के राशिफल









