Hydrogen Train : भारतीय रेलवे आज हरियाणा के जींद से दे के पहिलका हाइड्रोजन फ्यूल सेल ट्रेन के संचालन सुरू कइलस। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी एह आधुनिक ट्रेन के हरियर झंडी देखवलें। ई ट्रेन भारतीय रेलवे खातिर हरित ऊर्जा, आधुनिक तकनीक आ पर्यावरण संरक्षण के दिसा में एगो बड़ डेग मानल जा रहल बा।
भारतीय रेलवे में हरित ऊर्जा के नया सुरुआत
देस के पहिलका हाइड्रोजन ट्रेन के सुरुआत से भारतीय रेलवे अब डीजल आधारित तकनीक से आगे बढ़के स्वच्छ आ टिकाऊ ऊर्जा के इस्तेमाल के ओर बढ़ रहल बा। ई ट्रेन हाइड्रोजन फ्यूल सेल तकनीक पs चलेला, जहां हाइड्रोजन आ ऑक्सीजन के रासायनिक प्रक्रिया से ट्रेन के भीतरे बिजली बनावल जाला। एह प्रक्रिया में कार्बन डाइऑक्साइड ना निकल के खाली जल वाष्प (Water Vapour) निकले ला।
10 डिब्बा वाला देस के सबसे आधुनिक हाइड्रोजन ट्रेन
जर्मनी दुनिया के पहिलका देस हs, जहां बेवसायिक हाइड्रोजन ट्रेन चलेला। फ्रांस, इटली, चीन आ जापान एह तकनीक पs काम करत बाड़ें।
भारत के ई पहिलका हाइड्रोजन ट्रेन कइयन गो मायना में खास बा।
- कुल 10 कोच के ट्रेन
- एक संगे लगभग 2600 यात्री यात्रा कs सकी लो
- जींद-सोनीपत रेल मार्ग पs संचालन
- देस के सबसे लमहर हाइड्रोजन फ्यूल सेल ट्रेन में सामिल
- ट्रेन अपना से बनाई बिजली
एह ट्रेन के सबसे खास बात ई बा कि ई अपना फ्यूल सेल सिस्टम के मदद से खुदे बिजली तइयार करेला।
हाइड्रोजन फ्यूल सेल में बनल बिजली से मोटर चलेला, जवन ट्रेन के गति देला। एह तकनीक से डीजल के जरूरत लगभग खतम हो जाला आ पर्यावरण प्रदूषण में भारी कमी आवेला।
सुरक्षा खातिर लगावल गइल आधुनिक सिस्टम
रेलवे एह ट्रेन में कइयन गो हाईटेक सुरक्षा फीचरो जोड़ले बा, ताकि यात्रा पूरा तरह सुरक्षित रहे।
मुख्य सुरक्षा फीचर
- हाइड्रोजन गैस रिसाव के रियल टाइम मॉनिटरिंग
- आग, धुआं आ तापमान के ऑटोमैटिक डिटेक्शन सिस्टम
- खतरा महसूस होखतही ऑटोमैटिक शटडाउन सिस्टम चालू हो जाई
- जींद में 3000 किलोग्राम क्षमता वाला हाइड्रोजन रिफ्यूलिंग स्टेशन तइयार कइल गइल बा
हाइड्रोजन ट्रेन काहे बा खास?
भारतीय रेलवे के अनुसार ई ट्रेन भविष्य के ग्रीन ट्रांसपोर्ट सिस्टम के आधार बन सकेला।
मुख्य विशेषता
- भारत के पहिलका हाइड्रोजन फ्यूल सेल ट्रेन
- ट्रेन के भीतरे बिजली के उत्पादन
- लगभग शून्य कार्बन उत्सर्जन
- पर्यावरण अनुकूल तकनीक
- डीजल पs निर्भरता कम होई
- स्वच्छ आ टिकाऊ परिवहन के बढ़ावा मिली
- रेलवे के ग्रीन मिशन के मिलल मजबूती
भारतीय रेलवे लगातार कार्बन उत्सर्जन घटावे आ हरित ऊर्जा अपनावे पs काम करत बा। हाइड्रोजन ट्रेन के सुरुआत एह दिसा में एगो ऐतिहासिक उपलब्धि मानल जा रहल बा। जदि ई परियोजना सफल रहल, तs आवे वाला समय में देस के आउर कइयन गो रेल मार्ग पs हाइड्रोजन ट्रेन के संचालन सुरू हो सकेला।









