Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs WI: अश्विन के आगे वेस्टइंडीज पस्त, भारत 23वां बेर हरवलस; एशिया के बाहर पारी के अंतर से सबसे बड़ जीत

भारत वेस्टइंडीज के खिलाफ टेस्ट इतिहास में 23वां जीत हासिल कइले बा। एकरा से जादे टेस्ट ऊ खाली ऑस्ट्रेलिया (32) आ इंग्लैंड (31) के खिलाफ जीत सकल बा। ऊ न्यूजीलैंड आ श्रीलंका के 22-22 मैचन में हरवले बा।

1,282

भारत वेस्टइंडीज के खिलाफ दु टेस्ट मैचन के सीरीज के पहिला मैच में सानदार जीत हासिल कइले बा। ऊ पारी आ 141 रन से मैच के अपना नामे कइले बा। एह जीत के संगही टीम इंडिया विश्व टेस्ट चैंपियनशिप 2023-25 के बढ़िया सुरुआत कइलस। भारत वेस्टइंडीज के खिलाफ टेस्ट इतिहास में 23वां जीत हासिल इले बा। एकरा से जादे टेस्ट ऊ खाली ऑस्ट्रेलिया (32) आ इंग्लैंड (31) के खिलाफ जीत सकल बा। ऊ न्यूजीलैंड आ श्रीलंका के 22-22 मैचन में हरवले बा।

वेस्टइंडीज मैच में टॉस जीतके बल्लेबाजी के फैसला कइलस। ऊ पहिला पारी में 150 रन बनवलस। एकरा जवाब में भारत पहिला पारी में पांच विकेट पs 429 रन बनवलस। टीम इंडिया के 271 रनन के बढ़त हासिल भइल। वेस्टइंडीज के टीम दूसरका पारी में 130 रन पs सिमट गइल। एह तरे टीम इंडिया मैच के अपना नामे कs लेलस। एह जीत के संगही रोहित शर्मा के टीम सीरीज में 1-0 से आगे हो गइल बिया। दुनो टीमन के बीच सीरीज के दूसरका मुकाबला 20 जुलाई से त्रिनिदाद में होई। भारत एशिया के बाहर पारी के अंतर से सबसे बड़ जीत हासिल कइले बा।

एशिया के बाहर पारी के अंतर से भारत के जीत

खिलाफ जगह साल जीत का अंतर
ऑस्ट्रेलिया सिडनी 1978 पारी और दो रन
इंग्लैंड हेडिंग्ले 2002 पारी और 46 रन
जिम्बाब्वे बुलावायो 2005 पारी और 90 रन
वेस्टइंडीज नॉर्थ साउंड 2016 पारी और 92 रन
वेस्टइंडीज डोमिनिका 2023 पारी और 141 रन

 

यशस्वी बनलें प्लेयर ऑफ द मैच

भारत खातिर मैच में यशस्वी जायसवाल आर रोहित शर्मा शतकीय पारी खेलल लो। विराट कोहली अर्धशतक लगवलें। टीम इंडिया के एके पारी में बल्लेबाजी के मवका मिलल। गेंदबाजी में टीम इंडिया खातिर रविचंद्रन अश्विन सानदार प्रदर्शन कइलस। ऊ पहिला पारी में पांच विकेट लेले रहे। दूसरका पारी में ऊ सात विकेट अपना नामे कइलें। यशस्वी के पहिला पारी में 171 रन बनावे खातिर प्लेयर ऑफ द मैच अवॉर्ड दिहल गइल।

रविचंद्रन अश्विन – फोटो : सोशल मीडिया

अश्विन हासिल कइलें कइयन गो उपलब्धि 

अश्विन मैच में कुल 12 विकेट लेलें। ऊ भारत खातिर आठवां बेर एक मैच में 10 भा ओसे जादा विकेट लेलस। एह ममिला में अश्विन अनिल कुंबले (आठ) के बराबरी कs लेलें। हरभजन सिंह पांच बेर मैच में 10 भा ओसे अधिक विकेट लेले रहे। एकरा अलावे अश्विन वेस्टइंडीज के खिलाफ छठा बेर पारी में पांच भा ओसे जादे विकेट लेलें। भारत आ वेस्टइंडीज के बीच टेस्ट में ऊ अइसा करे वाला दूसका गेंदबाज बन गइलें। ऊ वेस्टइंडीज के पूर्व दिग्गज तेज गेंदबाज मैल्कम मॉर्शल के पीछे छोड़ देलें। हरभजन सिंह पांच बेर भारत-वेस्टइंडीज के बीच टेस्ट में एक पारी में पांच भा ओसे जादे विकेट लेले रहस।

भारत-वेस्टइंडीज टेस्ट में सबसे जादे विकेट लेवे वाला गेंदबाज

खिलाड़ी विकेट
कपिल देव 89
मैल्कम मॉर्शल 76
अनिल कुंबले 74
रविचंद्रन अश्विन 72
श्रीनिवास वेंकटराघवन 68
रविचंद्रन अश्विन, यशस्वी जायसवाल, रोहित शर्मा – फोटो : सोशल मीडिया

दूसरका पारी में ना चलल लो वेस्टइंडीज के बल्लेबाज

दूसरका पारी में वेस्टइंडीज के कवनो बल्लेबाज क्रीज पs ना टिक सकल लो। ओकरा खातिर एलिक नथनेज सबसे जादे 28 रन बनवलें। जेसन होल्डर नाबाद 20 रन बनवलें। जोमेल वॉरिकन 18, अल्जारी जोसेफ 13 आ जोशुआ डी सिल्वा 13 रन बनाके आउट भइलें। रेमोन रीफर 11 रन बनवलें। क्रेग ब्रैथवेट आ तेजनारायण चंद्रपॉल सात-सात रन बनाके आउट भइलें। जर्मेन ब्लैकवुड पांच आ रहकीम कार्नवॉल चार रन बना सकलें। केमार रोच आपन खाता ना खोल सकलें। भारत खातिर अश्विन के अलावे रवींद्र जडेजा दु विकेट लेलें। मोहम्मद सिराज के एगो सफलता मिलल।

यशस्वी के अलावा रोहित आ कोहली कइल लो बढ़िया बल्लेबाजी

एकरा पहिले पहिला पारी में भारत खातिर यशस्वी जायसवाल, कप्तान रोहित शर्मा आ पूर्व कप्तान विराट कोहली सानदार पारी खेललें। यशस्वी 171 रन बनवलें। ई उनकर डेब्यू टेस्ट रहे। ओहिजा, कप्तान रोहित 103 रन के पारी खेललें। विराट कोहली शतक ना लगा पवलें आ 76 रन बनाके आउट हो गइलें। रवींद्र जडेजा 37 आ ईशान किशन एक रन बनाके नाबाद रहल लो। शुभमन गिल छव आ अजिंक्य रहाणे तीन रन बनवलें। वेस्टइंडीज खातिर केमार रोच, अल्जारी जोसेफ, रहकीम कार्नवॉल, जोमेल वॉरिकन आ एलिक एथनेज एक-एक विकेट लिहल लो।

599470cookie-checkIND vs WI: अश्विन के आगे वेस्टइंडीज पस्त, भारत 23वां बेर हरवलस; एशिया के बाहर पारी के अंतर से सबसे बड़ जीत

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.