Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs WI 3rd T20: भारत वेस्टइंडीज के सात विकेट से हरवलस, सूर्यकुमार यादव के तूफानी अर्धशतक

India vs West Indies (IND vs WI) 3rd T20: भारत वेस्टइंडीज के तीसरका टी20 मुकाबला में सात विकेट से हरा देलस। एह जीत के संगे भारतीय टीम पांच मैचन के सीरीज में बनल बिया। भारत के जीत के बाद सीरीज के स्कोर 2-1 से वेस्टइंडीज के पक्ष में बा। एह मैच में वेस्टइंडीज टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी करत 159 रन बनवलस आ भारत तीन विकेट खोके लक्ष्य हासिल कs लेलस।

3,107

भारत वेस्टइंडीज के सात विकेट से हराके सीरीज में पहिला जीत हासिल कs लेले बा। वेस्टइंडीज पहिले बल्लेबाजी करत पांच विकेट पs 159 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में भारत 17.5 ओवर में तीन विकेट पs 164 रन बनाके मैच अपना नावे कs लेलस। वेस्टइंडीज खातिर ब्रेंडन किंग 42 आ रोवमन पॉवेल  40 रन बनावल लो। ओहिजा, गेना के संगे अल्जारी जोशेफ दु विकेट लेलें। ओहिजा, भारत खातिर पहिले कुलदीप यादव तीन विकेट लेलें फेर सूर्यकुमार यादव 83 आ तिलक वर्मा नाबाद 49 रन बनाके टीम के जीत दिलावल लो।

एह जीत के संगही भारत वापसी कइले बा आ पांच मैच के सीरीज में टीम इंडिया अभियो बनल बिया। वेस्टइंडीज दु आ भारत एगो मैच जीतले बिया। ई सीरीज जीते खातिर भारत के बाकी दुनो मैच जीते के होई। वहीं, वेस्टइंडीज के टीम एगो आउर मैच जीततही सीरीज अपना नावे कs ली।

सीरीज के बाकी दुनो मैच सनीचर आ अतवार के खेलल जाई।

621390cookie-checkIND vs WI 3rd T20: भारत वेस्टइंडीज के सात विकेट से हरवलस, सूर्यकुमार यादव के तूफानी अर्धशतक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.