Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ: भारत टी20 में हासिल कइलस सबसे बड़ जीत, हार्दिक के कप्तानी में लगातार चउथा सीरीज में जीत, शुभमन के शतक

भारतीय कप्तान हार्दिक पांड्या टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलें। टीम इंडिया 20 ओवर में चार विकेट पसे 234 रन बनवलस। शुभमन गिल 63 गेना पs नाबाद 126 रन बनवलें। जवाब में न्यूजीलैंड के टीम 12.1 ओवर में 66 रन पs सिमट गइल।

683

भारत हार्दिक पांड्या के कप्तानी में लगातार चउथा टी20 सीरीज जीत लेले बा। उ न्यूजीलैंड के तीन टी20 मैचन के सीरीज के तीसरा मुकाबला में 168 रन से हरा देलस। भारतीय कप्तान हार्दिक पांड्या टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलें। टीम इंडिया 20 ओवर में चार विकेट पs 234 रन बनवलस। शुभमन गिल 63 गेना पs नाबाद 126 रन बनवलें। जवाब में न्यूजीलैंड के टीम 12.1 ओवर में 66 रनन पs सिमट गइल।

 

टी20 इतिहास में टीम इंडिया के ई सबसे बड़ जीत हs। एकरा पहिले उ 2018 में आयरलैंड के 148 रन से हरवले रहे। दूसरका ओर, न्यूजीलैंड के टी20 इतिहास में ई सबसे बड़ हार हs। एकरा पहिले पाकिस्तान ओकरा के 2010 में 103 रन से हरवले रहे। हार्दिक के कप्तानी में पिछला साल टीम इंडिया आयरलैंड आ न्यूजीलैंड के हरवले रहे। ओहिजा, एह साल श्रीलंका के बाद अब न्यूजीलैंड के खिलाफ सीरीज जीत लेलस।

शुभमन गिल फोटो-बीसीसीआई

शुभमन गिल लगवलें शतक

भारत खातिर शुभमन गिल सबसे जादे रन बनवलें। ऊ 63 गेना पs नाबाद 126 रन बनवलें। न्यूजीलैंड खातिर खाली दु बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा छू सकल लो। डेरेल मिचेल 35 आ कप्तान मिशेल सैंटनर 13 रन बनावल लो। भारत खातिर कप्तान हार्दिक पांड्या सबसे जादे चार विकेट झटकलें। अर्शदीप सिंह, उमरान मलिक आ शिवम मावी दु-दु विकेट लिहल लो।

आईसीसी के दु फुल मेंबर टीमन के बीच जीत-हार के सबसे बड़ अंतर

मैच जगह साल जीत का अंतर
भारत बनाम न्यूजीलैंड अहमदाबाद 2023 168 रन
भारत बनाम आयरलैंड डबलिन 2018 143 रन
पाकिस्तान बनाम वेस्टइंडीज कराची 2018 143 रन
इंग्लैंड बनाम वेस्टइंडीज बासेटेरे 2019 137 रन

खराब रहल भारत के सुरुआत

कप्तान हार्दिक पांड्या टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइलस। ईशान किशन आ शुभमन गिल से बढ़िया सुरूआत के उम्मीद रहे, बाकिर किशन एक बेर फेर फेल हो गइलें। ऊ तीन गेना पs एक रन बनाके पवेलियन लवट गइलें। किशन के माइकल ब्रैसवेल एलबीडब्ल्यू कइलें।

राहुल त्रिपाठी – फोटो : सोशल मीडिया

त्रिपाठी आ गिल पारी के दोबारा पटरी पs ले आइल लो

एक विकेट गिर गइला के बाद राहुल त्रिपाठी आ शुभमन गिल पारी के संभरले। दुनो खिलाड़ी दूसरका विकेट खातिर 42 गेना पs 80 रन के साझेदारी कइल लो। त्रिपाठी तेजी से रन बनवलें। ऊ 22 गेना पs 44 रन ठोक देलें। ऊ टी20 में अपना पहिला अर्धशतक के निचिका रहलें, लेकिन ईश सोढ़ी के गेना पs छक्का मारे के प्रयास में ऊ कैच आउट हो गइलें। त्रिपाठी अपना पारी में चार चौका आ तीन छक्का लगवलें।

गिल के मिलल सूर्यकुमार आ हार्दिक के साथ

त्रिपाठी के आउट होखला के बाद गिल सूर्यकुमार यादव के संगे मिलके तीसरका विकेट खातिर 38 रन के साझेदारी कइलें। सूर्यकुमार 13 गेना पs 24 रन बनाके आउट हो गइलें। उनका बाद क्रीज पs आइल कप्तान हार्दिक पांड्या गिल के बखूबी साथ देले। पांड्या 17 गेना पs 30 रन बनवलें। ऊ गिल के संगे 40 गेना पs 103 रन के साझेदारी कइलें। न्यूजीलैंड खातिर माइकल ब्रेसवेल, ब्लेयर टिकनर, ईश सोढ़ी आ डेरेल मिचेल एक-एक विकेट लिहल लो।

448100cookie-checkIND vs NZ: भारत टी20 में हासिल कइलस सबसे बड़ जीत, हार्दिक के कप्तानी में लगातार चउथा सीरीज में जीत, शुभमन के शतक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.