[the_ad_group id="30365"]

रिंकू सिंह समेत एह चार खिलाड़ियन के मिलल भारत ए स्क्वाड में मउका, BCCI ने कइलस बड़ ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

भारत क्रिकेट नियंत्रण बोर्ड बियफे के दिने इंग्लैंड लायंस के खिलाफ दुसरका आ तिसरका मल्टी-डे मैच खातिर इंडिया ए टीम के एलान कइलस। हालही में भारतीय टीम में शानदार प्रदर्शन करे वाला खिलाड़ी रिंकू सिंह के टीम में शामिल कइल गइल बा। रिंकू सिंह के खाली एक फरवरी से शुरू होखे वाला तिसरका मैच खातिर शामिल कइल गइल बा। रिंकू के अलावा तीन गो अउरी खिलाड़ियन के भी टीम में शामिल कइल गइल बा। बता दीं कि दू गो मैच खातिर दू गो अलग अलग टीम बनल बा।

एह खिलाड़ियन के मिलल मउका 

भारत 25 जनवरी से हैदराबाद में शुरू होखे वाला पांच मैच के टेस्ट सीरीज में इंग्लैंड के मेजबानी करे वाला बा। ध्रुव जुरेल आ केएस भारत दुनु टीम के हिस्सा हउवें आ अहमदाबाद में होखे वाला बाकी दू गो मैच खातिर इंडिया ए टीम में नइखन। बंगाल के स्टार अभिमन्यु ईश्वरन इंडिया ए टीम के अगुवाई करत बाड़न बाकिर मुंबई के बल्लेबाज सरफराज खान तिसरका मल्टी डे मैच के हिस्सा नइखन। सरफराज के बाहर होखल एगो बड़हन आश्चर्य के बात बा काहे कि बियफे के दिने भइल पहिला अभ्यास मैच में आधा शतक बनवला के बावजूद ई मिडिल ऑर्डर बल्लेबाज इंग्लैंड सीरीज खातिर सीनियर टीम के हिस्सा नइखन।

ओने झारखंड के 19 साल के कुमार कुशाग्र के पहिला बेर इंडिया ए टीम में शामिल कइल गइल बा। विकेटकीपर बल्लेबाज के पिछला महीना दिल्ली कैपिटल्स आईपीएल टीम में शामिल कइले रहुवे। कैपिटल्स एह उभरत युवा खिलाड़ी खातिर 7.20 करोड़ रुपिया खरच कइले रहुवे। भारत ए टीम में केएस भरत आ ध्रुव जुरेल के जगहा कुशाग्र आ उत्तर प्रदेश के उपेंद्र यादव के दू गो विकेटकीपर चुनल गइल बा।

दूसरा आ तीसरा मल्टी डे मैच खातीर इंडिया ए के टीम

दूसरा मल्टी-डे मैच खातिर भारत ‘ए’ टीम : अभिमन्यु ईश्वरन (कप्तान), साई सुदर्शन, रजत पाटीदार, सरफराज खान, तिलक वर्मा, कुमार कुशाग्र (विकेटकीपर), वाशिंगटन सुंदर, सौरभ कुमार, अर्शदीप सिंह, तुषार देशपांडे, विदवथ कवरप्पा, उपेन्द्र यादव (विकेटकीपर), आकाश दीप, यश दयाल

तीसरा मल्टी-डे मैच खातिर इंडिया ‘ए’ टीम : अभिमन्यु ईश्वरन (कप्तान), साई सुदर्शन, रजत पाटीदार, तिलक वर्मा, रिंकू सिंह, कुमार कुशाग्र (विकेटकीपर), वाशिंगटन सुंदर, शम्स मुलानी, अर्शदीप सिंह, तुषार देशपांडे, विदवथ कवरप्पा, उपेन्द्र यादव (विकेटकीपर), आकाश दीप, यश दयाल

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]