[the_ad_group id="30365"]

इंडिया-ए इमर्जिंग एशिया कप के फाइनल हारल: पाकिस्तान-ए 128 रन से हरवलस; ताहिर के शतक, मुकीम लेलें 3 विकेट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IPL स्टार्स से सजल इंडिया-ए के टीम इमर्जिंग एशिया कप के फाइनल हार गइल बिया। भारतीय लईकन के पाकिस्तान-ए 128 रन से हरवलस। भारतीय टीम के ओर से अभिषेक शर्मा 61 रन के पारी खेललें, बाकिर अपना टीम के जूनियर एशिया कप के पहिला चैंपियन ना बना सकलें।

कोलंबो में भारतीय कप्तान यश धुल टॉस जीतलें आ पहिले गेंदबाजी करे के फैसला लेलें। टॉस हारके बैटिंग करे उतरल पाकिस्तानी टीम 50 ओवर में 8 विकेट पs 352 रन बनवलस। जवाब में भारतीय टीम 40 ओवर में 224 रन पs ऑलआउट हो गइल। मानव सुथार 7 रन बनाके नाबाद लवटलें, जबकि युवराज सिंह डोडिया 5 रन बनाके आखिरी विकेट के रूप में आउट भइलें।

ताहिर खेललें शतकीय पारी, मुकीम के 3 विकेट

तैय्यब ताहिर शतक बनाके आउट हो गइलें। उ 71 बॉल में 108 रन के पारी खेललें। एह दौरान उ 12 चौका आ 4 छक्का लगवलें। उनका के राजवर्धन हंगरगेकर अभिषेक शर्मा के हाथन कैच करवलें। उनका बाद मुबासिर खान 35 रन बनाकर आउट भइलें।

बायां हाथ के चाइनामैन पाकिस्तानी गेंदबाज सुफियान मुकीम 3 विकेट झटकलें, जबकि मेहरान मुमताज आ मोहम्मद वसीम जूनियर के 2-2 गो सफलता मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]