India A vs Pakistan A Live Streaming : फ्री में कइसे देख सकेनी इंडिया-ए बनाम पाकिस्तान-ए के लाइव मैच? वैभव सूर्यवंशी पs रही नजर

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 16, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। आज राइजिंग स्टार्स एशिया कप में पाकिस्तान शाहीन (Pakistan Shaheens) के टीम दोहा में इंडिया A के सामने उतरे वाली बिया। सब केहू के नजर फेर से 14 बरिस के वैभव सूर्यवंशी पs

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। आज राइजिंग स्टार्स एशिया कप में पाकिस्तान शाहीन (Pakistan Shaheens) के टीम दोहा में इंडिया A के सामने उतरे वाली बिया। सब केहू के नजर फेर से 14 बरिस के वैभव सूर्यवंशी पs टिकल बा, जे यूएई के खिलाफ 42 गेना पs 15 छक्का आ 11 चौका लगावत 144 रन के धुआंधार पारी खेलले रहलें।

उनका संगे कप्तान जितेश शर्मा 32 गेना पs 83 रन ठोकले रहस। दुनु के तूफानी बल्लेबाजी से इंडिया A मात्र 20 ओवर में 297/4 रन ठोक देले रहे आ 148 रन से मैच जीत गइल।

आज के मुकाबला पाकिस्तान A संगे बा, जवन आपन पहिला मैच ओमान के खिलाफ 40 रन से जीतल रहे। दुनो टीम जीत के आइल बाड़ी सs, एही से आज के मैच धुआंधार होखे के पूरा मौका बा।

IND A vs PAK A: दुनों टीमन के स्क्वाड

इंडिया A टीम

वैभव सूर्यवंशी, प्रियांश आर्य, जितेश शर्मा (कप्तान), निहाल वढेरा, रमनदीप सिंह, आशुतोष शर्मा, हर्ष दुबे, विजयर कुमार वैश्याक, गुरजपनीत सिंह, सुयश शर्मा, यश ठाकुर, युधवीर सिंह चरक, अभिषेक पोरेल, नमन धीर आ सूर्यांश शेजगे।

पाकिस्तान A टीम

यासिर खान, मोहम्मद नईम, मोहम्मद फैक, माज सादाकत, गाजी घोरी (विकेटकीपर), इर्फान खान (कप्तान), साद मसूद, मुबासिर खान, अबैद शाह, अहमद दानियाल, मोहम्मद सलमान, पृथ्वीकुमार मच्छी, हसनैन शाह, शुएब अल बलूश, उबैद उल्लाह आ एमडी यूसुफ।

India A vs Pakistan A Live Streaming के जानकारी

मैच कब खेलल जाई?

इंडिया A vs पाकिस्तान A, राइजिंग स्टार्स एशिया कप 2025 के मैच आज, 16 नवंबर के खेलल जाई।

मैच कहां खेलल जाई?

ई महामुकाबला दोहा के वेस्ट एंड पार्क इंटरनेशनल क्रिकेट स्टेडियम में खेलल जाई।

लाइव प्रसारण कहां देखल जा सकी?

इंडिया-ए बनाम पाकिस्तान-ए के मैच के लाइव टेलीकास्ट Sony Sports Network के चैनलन पs देखल जा सकी।

लाइव स्ट्रीमिंग फ्री में कइसे देखल जा सकी?

मैच के लाइव स्ट्रीमिंग SonyLiv ऐप आ वेबसाइट पs उपलब्ध बा। मोबाइल, लैपटॉप, स्मार्ट टीवी- कहियो से SonyLiv पs मैच देख सकेनी।

Read Also: Chhap Pustak Mahotav 2025 : साहित्य कला फाउंडेशन के वार्षिक पुस्तक महोत्सव ‘छाप’ 17 आ 18 के

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.