Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs NZ 2nd T20: सांस रोक देवे वाला मुकाबका में 6 विकेट से भारत के मिलल जीत, सीरीज 1-1 से भइल बराबर

IND vs NZ 2nd T20: हार्दिक पांड्या (Hardik Pandya) के अगुआई वाली भारतीय टीम न्यूजीलैंड के लखनऊ के इकाना स्टेडियम में खेलल गइल दूसरका टी-20 में 6 विकेट से मात देलस। एह मैच में जीत हासिल कs के भारत सीरीज पs 1-1 के बराबरियो कs लेलस।

1,256

IND vs NZ 2nd T20: हार्दिक पांड्या (Hardik Pandya) के अगुआई वाली भारतीय टीम न्यूजीलैंड के लखनऊ के इकाना स्टेडियम में खेलल गइल दूसरका टी-20 में 6 विकेट से मात देलस। एह मैच में जीत हासिल कs के भारत सीरीज पs 1-1 के बराबरियो कs लेलस।

बता दीं कि मैच में न्यूजीलैंड के कप्तान मिचेल सैंटनर टॉस जीतके पहिले बल्लेबाजी के फैसला कइले रहस। पहिले बल्लेबाजी करत कीवी टीम 20 ओवर में 8 विकेट के नुकसान पs खाली 99 रन पs ढेर हो गइल। ओहिजा, 100 रन के लक्ष्य के पीछा करत भारत दूसरका मुकाबला जीत लिहल।

दरअसल, लखनऊ के इकाना स्टेडियम में 29 जनवरी के खेलल गइल (IND vs NZ 2nd T20) दूसरका टी-20 मैच में न्यूजीलैंड टीम पहिले बल्लेबाजी करत भारतीय गेंदबाजन के आगे फ्लॉप साबित भइल। कीवी टीम के तरफ से कवनो बल्लेबाज 20 रन के आकंडा तक ना छू पाइल। जहां सलामी बल्लेबाजी फिन एलेन (11), तs डेवोन कॉनवे (11) रन बनाकर सस्ता में आउट भइल। ओहिजा ओकरा बाद मार्क चम्पन 14 रन बनवले। वीजा, ब्रेसवेल 14 आ कप्तान सैंटनर 19 रन के नाबाद पारी खेलल लो।

भारतीय गेंदबाजन के तरफ से युवा गेंदबाज अर्शदीप सिंह (Arshdeep Singh) पहिला मैच में भइल गलती के सुधारत 2 गो अहम विकेट चटकवलें। ओहिजा, हार्दिक पांड्या, वॉशिंगटन सुंदर, युजवेंद्र चहल, दीपक हुड्डा आ कुलदीप यादव के 1-1 विकेट हासिल भइल।

कुछ खास ना रहल भारतीय टीम के पारी के हाल

100 रन के लक्ष्य के पीछा करे उतरल भारतीय टीम (Indian Cricket Team) के पारी के हाल कुछ खास ना रहल। दुनो सलामी बल्लेबाज सस्ता में आउट भइल लो। ईशान किशन (Ishan Kishan) 32 गेना पs 19 रन बनाके आउट भइलें, तs शुभमन गिल (Shubman Gill) 11 रन बनाके आउट भइलें।

एकरा अलावे राहुल त्रिपाठी 13 रन बनाके पवेलियन लवटलें। ओहिजा, सूर्यकुमार यादव आ हार्दिक पांड्या के जोड़ी अंत तक पारी के संभारल लो। सूर्या (Suryakumar Yadav)  आखिरी ओवर के पांचवां गेना पs विनिंग चौका लगाके भारत के 6 विकेट से जीत दिलवलें।

446240cookie-checkIND vs NZ 2nd T20: सांस रोक देवे वाला मुकाबका में 6 विकेट से भारत के मिलल जीत, सीरीज 1-1 से भइल बराबर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.