[the_ad_group id="30365"]

DDU Admission: गोरखपुर विश्वविद्यालय बढ़वलस प्रवेश आवेदन के तिथि, अब 15 जून तक अवसर

Atheletics Meet: डीडीयू में काल्ह से सुरू होई तीन दिवसीय वार्षिक एथेलेटिक्स मीट
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर। प्रवेश खातिर आवेदन के लेके अभ्यर्थियन के उत्साह के देखत दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय आवेदन के अंतिम तिथि विस्तारित कs देले बा। अबतक सात जून तक स्नातक आ 10 जून तक परास्नातक खातिर आवेदन के तिथि निर्धारित रहे। दुनो प्रकार के पाठ्यक्रमन में आवेदन के अंतिम तिथि एक कs दिहल गइल बा। ई 15 जून निर्धारित भइल बा।

प्रवेश खातिर आवेदन के सुरुआत 14 मई से भइल रहे। तब से लेके अबतक स्नातक आ परास्नातक सहित कुल 70 पाठ्यक्रमन में प्रवेश खातिर 47 हजार आवेदन प्राप्त हो चुकल बा। एमे 29 हजार अभ्यर्थी आवेदन के संपूर्ण प्रक्रिया पूरा कs लेले बा लोग।

ई आवेदन 9462 सीटाने के सापेक्ष बा। एमे स्नातक के 19 पाठ्यक्रमन के 5214 आ परास्नातक के 51 पाठ्यक्रमन के 4248 सीट सामिल बा। प्रवेश प्रकोष्ठ के निदेशक प्रो. हर्ष कुमार सिन्हा बतवलें कि बीतल बरिस के तुलना में अभ्यर्थियन के रुझान बेवसायिक पाठ्यक्रमन के ओर बढ़त दिख रहल बा।

हालांकि, परंपरागत पाठ्यक्रमन के लेके अभ्यर्थी पूरा रुचि दिखा रहल बा लोग। बीए आनर्स, बीएससी आनर्स, बीकाम में तs अच्छा संख्या में आवेदन आइले बा। बीएससी एजी के प्रति अभ्यर्थियन में विशेष उत्साह देखे के मिल रहल बा।

बीए-एलएलबी में प्रवेश के लेके अभ्यर्थियन के विशेष जोर बा। एह सत्र से सुरू हो रहल एमसीए पाठ्यक्रम में प्रवेश के लेके अभ्यर्थी विशेष रुचि देखवले बा लोग।

कुछ प्रमुख पाठ्यक्रम आ ओकरा खातिर आवेदन के इस्थिति

  • बीए आनर्स- 4016
  • बीएससी बायो आनर्स- 2962
  • बीएससी मैथ्स आनर्स- 1710
  • बीकाम आनर्स- 2050
  • बीएससी एग्रीकल्चर- 1258
  • बीबीए- 1012
  • बीसीए- 1271
  • बीटेक- 1106
  • बीए-एलएलबी- 1943
  • बीफार्म- 770
  • एलएलबी- 2215
  • एमएससी गणित-308
  • एमएससी केमिस्ट्री- 291
  • एमएससी भौतिकी- 164
  • एमएससी बाटनी- 242
  • एमएससी जुलाेजी- 679
  • एमए हिंदी- 142
  • एमए राजनीति विज्ञान- 352
  • एमए भूगोल- 135
  • एमए अंग्रेजी- 207
  • एमसीए- 65
  • एलएलएम- 539

अभ्यर्थी कइले रहे लोग तिथि बढ़ावे के मांग

विश्वविद्यालय आवेदन खातिर अंतिम तिथि विस्तारित करे के निर्णय अभ्यर्थियन के मांग पs लेले बा। बहुत सारा अभ्यर्थी आय, जाति आ निवास प्रमाण-पत्र आदि के ना बन पवला से विश्वविद्यालय प्रशासन से आवेदन के तिथि बढ़ावे के मांग करत रहे लोग। एकरा के लेके ऊ लोग प्रवेश प्रकोष्ठ कार्यालय तक पहुंचत रहे। अइसन में प्रवेश प्रकोष्ठ ओह लोगन के एह मजबूरी के संज्ञान लिहल आ 15 जून तक आवेदन करे के अवसर दे दिहल।

Read Also: Box Office: दूसरका दिन ‘हाउसफुल 5’ के कमाई में भइल इजाफा, जानीं बाकी फिल्मन के बॉक्स ऑफिस कलेक्शन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]