FIFA World Cup: फुटबॉल वर्ल्ड कप के बीचे जिंदगी आ मौत के जंग लड़ रहल बाड़े पेले, नइखे हो रहल कीमोथेरेपी के असर

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 4, 2022

ब्राजील के महान फुटबॉलर पेले के हालत बहुते गंभीर बा। पेले कोलन कैंसर से जूझ रहल बाड़े। डॉक्टर लोग पेले के कीमोथेरेपी बंद कs देले बा, काहेकि उनका पर अब एकर (कीमोथेरेपी) के असर नइखे

Share

ब्राजील के महान फुटबॉलर पेले के हालत बहुते गंभीर बा। पेले कोलन कैंसर से जूझ रहल बाड़े। डॉक्टर लोग पेले के कीमोथेरेपी बंद कs देले बा, काहेकि उनका पर अब एकर (कीमोथेरेपी) के असर नइखे हो रहल।

82 साल के पेले ले हॉस्पिटले में एंड-ऑफ-लाइफ (End-Of-Life) केयर खातिर शिफ्ट कs दिहल गइल बा। हैरी केन आ किलियन एमबाप्पे जइसन कइयन गो दिग्गज पेले खातिर ट्वीट कs के प्रार्थना कइले बा लोग।

पेले 1958, 1962 आ 1970 में ब्राजील के वर्ल्ड कप जीता चुकल बाड़े। ऊ फुटबॉल के इतिहास में 3 विश्व कप जीते वाला इकलौता खिलाड़ी बाड़े। पेले के सामान्य चेक अप खातिर अस्पताल में भर्ती करावल गइल रहे। हालांकि, बाद में उनकर अंग काम कइल बंद कs दिहल। लगभग सात महीना पहिले उनका के एही बेमारी के चलते हॉस्पिटल में भर्ती करावल गइल रहे।

का होला End-of-Life केयर? (What is End-of-Life Care)

एंड ऑफ लाइफ केयर (End-of-Life Care) में कवनो व्यक्ति के कुछ घंटा, दिन भा महीना रखल जाला। कवनो इंसान के आखिरी समय नजदीक होला तs ओकर खास देखभाल कइल जाला। एह दौरान ओकर मानसिक आ भावनात्मक जरूरतन के धेयान रखल जाला।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.