मशरक में सारण स्नातक में 555 आ शिक्षक चुनाव में 95 मतदाता ने कइल लो मतदान

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 1, 2023

सारण स्नातक आ शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के मशरक प्रखंड आ अंचल कार्यालय में कड़ा सुरक्षा बेवस्था के बीच सुक के सारण स्नातक से 960 में से कुल- 555 मतदातदा आ शिक्षक निर्वाचन से 121 में

Share

सारण स्नातक आ शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र के मशरक प्रखंड आ अंचल कार्यालय में कड़ा सुरक्षा बेवस्था के बीच सुक के सारण स्नातक से 960 में से कुल- 555 मतदातदा आ शिक्षक निर्वाचन से 121 में से 95 मतदाता आपन मतदान कइल।

मशरक में मतदान के लेके मशरक प्रखंड आ अंचल कार्यालय में मतदान केन्द्र बनावल गइल रहे। प्रशासन के तरफ से मतदान के लेके भारी सुरक्षा बेवस्था कइल गइल रहे। मशरक में प्रखंड कार्यालय परिसर में एगो बूथ सारण स्नातक निर्वाचन आ अंचल कार्यालय परिसर में एगो बूथ सारण शिक्षक निर्वाचन खातिर बनावल गइल रहे। सारण शिक्षक निर्वाचन क्षेत्र खातिर कुल मतदाता 121 बा लो जेमे पुरुष वोटरन के 111 आ महिला वोटरन के संख्या 10 बा। ओहिजा सारण स्नातक निर्वाचन खातिर टोटल मतदाता के संख्या 960 बा जेमे पुरुष वोटरन के संख्या 695 आ महिला वोटरन के संख्या 265 बा।

मतदान बैलेट पेपर से भइल। मतदान खातिर दु गो पीठासीन पदाधिकारी नियुक्त कइल गइल बा। मतदान के शांतिपूर्ण आ स्वच्छ ढंग से पूरा करावे के लेके सुरक्षा खातिर पुलिस बल तैनात कइल गइल बा।

साभार: मशरक न्यूज

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.