Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

IND vs WI: भारत पहिला वनडे पांच विकेट से जीतल, जडेजा-कुलदीप रचल लो इतिहास, विराट कोहली ना कइले बैटिंग

वेस्टइंडीज के टीम भारत के खिलाफ पूरा 50 ओवर तक ना खेल पाइल। कैरिबियाई टीम 23 ओवर में 114 रन पs सिमट गइल। एकरा बाद भारत आसानी से मैच जीत लेलस।

1,501

भारत आ वेस्टइंडीज के बीच तीन मैच के वनडे सीरीज के पहिला मुकाबला टीम इंडिया पांच विकेट से अपना नामे कइलस। एकरा संगही भारत सीरीज में 1-0 के बढ़त बना लेलस। टेस्ट सीरीज के 1-0 से अपना नावे कइला के बाद भारतीय टीम अब वनडे सीरीज जीते से एक डेग दूर बा। ओहिजा, वेस्टइंडीज खातिर टीम आ फॉर्मेट बदल रहल बा, बाकिर नतीजे समान बा। विश्व कप से बाहर होखला के बाद ई टीम नया सुरुआत के संगे भारत के खिलाफ मैदान में उतरल रहे, बाकिर ई टीम 23 ओवर में 114 रन पs सिमट गइल। भारत 22.5 ओवर में पांच विकेट खोके 118 रन बनावल आ जीत हासिल कs लेलस।

एह मैच में भारतीय कप्तान रोहित शर्मा टॉस जीतके पहिले गेंदबाजी करे के फैसला कइलें। हार्दिक गेंदबाजी के सुरुआत कइलें आ मुकेश दूसरका छोर से नया गेना संभरलें। मुकेश आपन पहिलेके वनडे मैच में पहिला ओवर मेडन कइलें। एकरा बाद हार्दिक अपना दूसरका ओवर में काइल मेयर्स के पवेलियन भेज देलें। ब्रेंडन किंग आ एलिक अथानाज 38 रन के साझेदारी कइल, बाकिर अथानाज के मुकेश कुमार पवेलियन भेज देलें।

स्पिन के सामने बिखरल कैरिबियाई बल्लेबाजी

पिच से गेंदबाजन के तनिका मदद मिलत रहे, बाकिर वेस्टइंडीज के बल्लेबाज क्रीज पs जमके खेले के कोशिश ना कइल लो। किंग 17 रन बनाके शार्दुल ठाकुर के गेना पs बोल्ड हो गइलें। एकरा बाद भारत के स्पिन गेंदबाज विकेट लेवे के जिम्मेदारी संभारल लो। रवींद्र जडेजा शिमरन हेटमायर, रोमारियो शेफर्ड आ रोवमैन पॉवेल के आउट कइलें। एह बीच कैरिबियाई कप्तान शाई होप एगो छोर पs खड़ा रहलें आ रन बनावत रहलें, बाकिर केहूओ उनकर साथ देवे के कोसिस ना कइल। वेस्टइंडीज के सब बल्लेबाज विकेट फेंकेके आउट होत रहल लो।

वेस्टइंडीज के छव विकेट गिरला के बाद रोहित शर्मा कुलदीप यादव के गेना सउपलें आ ऊ वेस्टइंडीज के पुछल्ला बल्लेबाजन के सस्ता में समेट देलें। कुलदीप चारो विकेट लेलें। अंत में शाई होप कुलदीप का शिकार बन गइलें। होप अपना टीम खातिर सबसे जादे 43 रन बनवलें। उनका अलावे अथानजे 22, किंग 17 आ हेटमायर 11 रन दहाई के आंकड़ा पार कs पाइल लो। वेस्टइंडीज के सात बल्लेबाज दहाई के आंकड़ा ना छू सकल लो।

कुलदीप जडेजा रचल लो इतिहास

भारत खातिर कुलदीप यादव सबसे जादे चार विकेट झटकलें आ वेस्टइंडीज के पुछल्ला ल्लेबाजन के आसानी से आउट कइलें। ओहिजा, रवींद्र जडेजा तीन विकेट झटकलें। एकरा संगही ई दुनो खिलाडी इतिहास रच दिहल। ई पहिला मवका रहे, जब भारत के दुगो बायां हाथ के स्पिन गेंदबाज मिलके कवनो वनडे मैच में सात विकेट लेले होखे। हार्दिक पांड्या, शार्दुल ठाकुर आ मुकेश कुमार के एक-एक विकेट मिलल।

आसान लक्ष्य हासिल करे में भारत के पांच विकेट गिरल 

115 रन के आसान लक्ष्य मिलला के बाद रोहित शुभमन गिल के संगे ईशान किशन के पारी के सुरुआत करे खातिर भेजलें। गिल एहु मैच में कुछ खास ना कs पवलें आ सात रन बनाके आउट हो गइलें। तीसरका नंबर पs आइल सूर्यकुमार यादव 19 रन बनाके चलत बनलें। हार्दिक चउथा नंबर पs भेजल गइला के बाद बढ़िया बल्लेबाजी करत रहस, बाकिर दुर्भाग्यपूर्ण तरीका से रन आउट हो गइलें। ईशान किशन के बल्ला से निकलल गेना गेंदबाज के हाथ में लगके स्टंप पs लाग गइल आ हार्दिक के पवेलियन जाये के पड़ल। पांचवां नंबर पs आइल जडेजा 16 रन बनाके नाबाद रहलें, बाकिर ईशान किशन 52 रन बनाके आउट हो गइलें। शार्दुल छठा नंबर पs अइलें, बाकिर एक रन बनाके आउट हो गइलें। अंत में रोहित शर्मा सातवां नंबर पs बल्लेबाजी करे आ 12 रन बनाके चौका के संगे मैच खतम कइलें। भारत के पांच विकेट गिरल के बावजूद विराट कोहली एह मैच में बल्लेबाजी खातिर ना अइलें। जदि उनकर बल्लेबाजी खातिर आवे के पर जाइत तs ई पहिला मवका होइत जब ऊ आठवां नंबर पs भा एकरा से नीचे बल्लेबाजी करते। वेस्टइंडीज खातिर गुदाकेश मोती दु आ जायडेन सेल्स-यानिक करिआह एक-एक विकेट लिहल लो।

611280cookie-checkIND vs WI: भारत पहिला वनडे पांच विकेट से जीतल, जडेजा-कुलदीप रचल लो इतिहास, विराट कोहली ना कइले बैटिंग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.