[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर न्यूज़ : हॉस्टल से अस्पताल जात मेडिकल छात्रा के संगे गार्ड कइलस छेड़खानी, छात्र सs कइले हंगामा

अस्पताल जात मेडिकल छात्रा के संगे गार्ड कइलस छेड़खानी
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एम्स के मेडिकल छात्रा के संगे छेड़छाड़ के मामला सोझा आईल बा। आरोप बा कि शुक के रात करीब दस बजे हॉस्टल से अस्पताल जात घरी गार्ड नशा में धुत्त अवस्था में छात्रा के संगे दुर्व्यवहार कईलस। घटना के जानकारी मिलते बाकी छात्र भी जुट गईले अवुरी हंगामा मचावे लगले।

इs जानकारी मिलते ही एम्स थाना के पुलिस भी मौका पs पहुंच गईल। जब पुलिस पीड़िता के फोन कs के शिकायत मंगले तs छात्र एकरा पs आपत्ति जतवले अवुरी पुलिस के स्वत: मामला दर्ज करावे के कहले। एम्स पुलिस शिकायत के आधार पs पुलिस केस दर्ज करावे के बात कहलस।

जानकारी के मुताबिक शुक के रात करीब 10 बजे मेडिकल छात्रा नर्स के संगे हॉस्टल से अस्पताल जात रहे। आरोप बा कि गेट नंबर चार के लगे मौजूद गार्ड ओकरा संगे छेड़छाड़ कईले। जब छात्रा शोर मचवलस तs बहुत जूनियर डॉक्टर जुट गईले अवुरी हंगामा मचावे लगले।

कुछ छात्र भी कार्रवाई के मांग करत हड़ताल पs बईठ गईले। ओह लोग के मांग रहे कि आरोपी गार्ड के खिलाफ कार्रवाई होखे के चाही। पहिले एम्स के अधिकारी खुद एs मामला के संभाले के कोशिश कईले, बाकिर बाद में पुलिस के सूचना मिल गईल।

जानकारी पs एम्स के थानाध्यक्ष संजय मिश्रा पुलिस टीम के संगे मौका पs पहुंचले। जब उs पीड़िता के शिकायत दर्ज करावे के कहले तs छात्र भड़क गईले। उs कहले कि मामला दर्ज होखे के चाही अवुरी खाली उनुका शिकायत पs कार्रवाई होखे के चाही। ओकरा बाद पुलिस उनुका से आवेदन मंगलस अवुरी कार्रवाई के भरोसा देके मामला के शांत कs देलस।

करीब आधा घंटा ले छात्र हड़ताल पs बईठल रहले। बाद में समझवला के बाद उन लोगन के हटा दिहल गईल। एs मामला में एम्स प्रशासन के रुख जाने के कोशिश भईल, बाकिर वरिष्ठ अधिकारी फोन ना उठवले। शिकायत अवुरी जांच के आधार पs मामला दर्ज कईल जाई अवुरी कार्रवाई कईल जाई.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]