[the_ad_group id="30365"]

Weather Update: IMD देस के 9 राज्यन में जारी कइलस हीटवेव के अलर्ट, UP में पारा 43 डिग्री सेल्सियस के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देस के कइयन राज्यन में हीटवेव के इस्थिति बनल बा आ अलग- अलग हिस्सन में तापमान बढ़ल सुरू हो गइल बा। मौसम विभाग पश्चिम बंगाल, बिहार आ आंध्र प्रदेश में उच्च तापमान खातिर ऑरेंज आलर्ट जारी कइले बा। मौसम विभाग के मोताबिक, सिक्किम, झारखंड, ओडिशा आ उत्तर प्रदेश में हीटवेव के इस्थिति के संभावना बा।

पश्चिमी विक्षोभ के कारण देस के कुछ हिस्सन में राहत के संभावना

मौसम विभाग अपना पूर्वानुमान में बतवलस कि जम्मू-कश्मीर, हिमाचल प्रदेश आ पंजाब में एगो पश्चिमी विक्षोभ के आवे के कारण देस के कुछ हिस्सन में राहत मिलला के संभावना बा। मालूम होखे कि पंजाब आ हरियाणा में सोमार के लू जइसन इस्थिति बनल रहल। हालांकि मंगर के अइसने हालात रहला के उम्मीद बा। मौसम विभाग के ई अलर्ट महाराष्ट्र सरकार के एगो कार्यक्रम में कइयन घंटा खुला में बइठला के दौरान 13 लोगन के मौत के एक दिन बाद आइल बा।

उत्तर-पश्चिमी भारत के मैदानी इलाकन में भीषण गर्मी से राहत मिले की उम्मीद

मौसम विभाग कहलस कि पश्चिमी हिमालयी क्षेत्र में बनल पश्चिमी विक्षोभ के चलते मंगर से उत्तर-पश्चिमी भारत के मैदानी इलाकन में भीषण गर्मी से कुछ राहत मिली। पंजाब, हरियाणा, दिल्ली आ राजस्थान के अलग-अलग क्षेत्र में 18 से 20 अप्रिल के दौरान हलका बरखा होखला के संभावना बा।

सुल्तानपुर में पारा 43 डिग्री सेल्सियस के पार

मालूम होखे कि सोमार के भारत में सबसे गरम स्थानन में तेलंगाना के जयशंकर भूपालपल्ली जिला सामिल रहे, जेमे अधिकतम तापमान 44.6 डिग्री, उत्तर प्रदेश के सुल्तानपुर में 43.4 डिग्री सेल्सियस आ बिहार के सुपौल में 42.4 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। यूपी के प्रयागराज, झांसी, कानपुर आ आगरा, बिहार के पटना आ पूर्वी चंपारण आउर पंजाब के बठिंडा में तापमान 40 डिग्री सेल्सियस से ऊपर दर्ज कइल गइल।

पूर्वी राज्यन के गरमी से बचाव करे के जरूरत

मौसम विभाग के महानिदेशक एम महापात्र कहलें कि जब हवा बंगाल के खाड़ी के दिशा से चलेला तs कइयन बेर बादल छा जाला जवन पूर्वी राज्यन में तापमान के कम कs देला। ऊ आगे बतवलें कि उत्तर-पश्चिम से गरम, शुष्क हवा पूर्वी भारत में चल रहल बा, जहां उहां के स्थान के कारण आर्द्रता के स्तर अपेक्षाकृत बेसी बा। एहिसे पूर्वी राज्यन के लोगन के पर्याप्त रूप से गरमी से बचाव के उपाय कइला के आवश्यकता बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]