[the_ad_group id="30365"]

खाना के बाद पेट रहेला भारी आ होला कब्ज के समस्या तs करीं इ ५ योगासन, तुरंत मिली राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

पाचन खातिर योग : योग आपके अपना के स्वस्थ अवुरी फिट राखे में मदद कs सकता। योग आपके बहुत समस्या के दूर करे में भी मदद करेला। आजकल एकर क्रेज लोग में बढ़ गईल बा, जवना के चलते डॉक्टर भी योग करे के सलाह देवेले। हालांकि बेमारी ठीक करे खातिर दवाई उपलब्ध बा, लेकिन एकर जादा सेवन कबो दुष्प्रभाव के कारण बन जाला। योग कइला से अइसन कवनो दिक्कत ना होखे। योगासन त्वचा से लेके पाचन तक के काम खातिर फायदेमंद मानल जाला। पाचन के बात कईल जाए त बहुत बेर लोग के खाना खईला के बाद अपच अवुरी कब्ज के समस्या होखेला, अयीसन स्थिति में योग आपके एकरा में मदद कs सकता। तs कुछ योगासन के बारे में बताएब जवन रउआ खइला के बाद कs सकेनी ताकि पाचन क्षमता में सुधार हो सके।

बेहतर पाचन खातिर योग

 १-वज्रासन

रात में हल्का खाना खाए के सलाह दिहल जाला। एकरा संगे रात के खाना खईला के बाद वज्रासन कईला से खाना के पचावे में मदद मिलेला।

 २-गोमुखआसन

ए आसन के कईला से रीढ़ के हड्डी अवुरी पेट के मांसपेशी में खिंचाव हो जाला, जवन कि आपके पाचन खातीर निमन होखेला अवुरी खाना के जल्दी पचावे में मदद करेला।

३- धनुराषन

ई आसन पेट के बल लेट के कइल जाला। इ आसन खाना पचावे में भी मदद करेला। एकरा अलावे इ पेट खातीर भी फायदेमंद होखेला।

४- पवनमुक्तासन

गैस अवुरी कब्ज जईसन समस्या में इ आसन फायदेमंद हो सकता। पेट के स्वस्थ राखे में भी मदद करेला।

 ५- नौकासन

नौकासन आपके पाचन में सुधार करे में मदद करेला, इ पेट के चर्बी के कम करे में भी मदद क सकता।

 

(अस्वीकरण: सलाह समेत ई लेख खाली सामान्य जानकारी देले। ई कवनो तरीका से योग्य चिकित्सा राय के विकल्प ना ह। आगे के जानकारी खातिर हमेशा कवनो विशेषज्ञ भा अपना डॉक्टर से सलाह लीं। खबर भोजपुरी एह जानकारी के जिम्मेदारी ना लेवेला। करेला।)

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]