ऐतिहासिक जीत के बादो भारतीय टीम के लागल झटका, ICC टेस्ट रैंकिंग में छिनाइल नंबर-1 के ताज

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 5, 2024

  केप टाउन टेस्ट मैच में ऐतिहासिक जीत के बाद भी भारतीय टीम के बहुत बड़ झटका लागल बा। एह टेस्ट सीरीज खतम भइला के बाद आईसीसी के ओर से जारी ताजा टेस्ट रैंकिंग में

Share

 

केप टाउन टेस्ट मैच में ऐतिहासिक जीत के बाद भी भारतीय टीम के बहुत बड़ झटका लागल बा। एह टेस्ट सीरीज खतम भइला के बाद आईसीसी के ओर से जारी ताजा टेस्ट रैंकिंग में ऊ नंबर-1 के जगहा गँवा दिहले बिया। एह टेस्ट सीरीज शुरू होखे से पहिले भारतीय टीम 118 रेटिंग अंक ले के पहिला जगहा पs रहुवे बाकिर पहिला मैच में हार के चलते टीम इंडिया के रैंकिंग में हार के सामना करे के पड़ल। अब भारतीय टीम 117 रेटिंग अंक ले के दुसरका जगहा पs आ गइल बिया। एकरा साथे साथ अब एह रैंकिंग में पहिला जगहा आस्ट्रेलियाई टीम के कब्जा में आ गइल बा जवन एह घरी पाकिस्तान के खिलाफ तीन मैच के टेस्ट सीरीज खेलत बिया आ पहिला दू गो मैच जीतला के साथे साथ ऊ अप्रत्याशित 2-0 के स्कोर भी हासिल कs लिहले बिया ।

भारत आ ऑस्ट्रेलिया के बीच मात्र 1 रेटिंग पॉइंट के अंतर

आईसीसी के ओर से जारी ताज़ा टीम रैंकिंग में जहां भारतीय टीम अब 117 रेटिंग अंक लेके दूसरा स्थान पs पहुंच गईल बिया, उहें ऑस्ट्रेलिया 118 रेटिंग अंक के संगे पहिला स्थान पs पहुंच गईल बा। पहिले दुनो टीम के रेटिंग अंक बराबर रहे लेकिन भारत के रेटिंग अंक दशमलव में जादा होखला के चलते इs पहिला स्थान पs रहे। अगर एह रैंकिंग में दोसरा टीमन के स्थिति देखल जाव तs भारत के खिलाफ सीरीज बराबरी पs खतम करे वाली दक्षिण अफ्रीका के टीम 106 रेटिंग अंक ले के चउथा जगहा पs बिया। इंग्लैंड तीसरा जगहा पs बा जबकि पाकिस्तान टीम 92 रेटिंग अंक के छठवाँ जगहा पs बा

इंग्लैंड के खिलाफ भारत के नंबर 1 के स्थान वापस पावे के मउका मिली

भले दक्षिण अफ्रीका के खिलाफ टेस्ट सीरीज खतम भइला के बाद भारत के रैंकिंग में नंबर 1 के जगहा गँवावे के पड़ल होखे बाकिर टीम इंडिया के लगे एह महीना के आखिर में शुरू होखे वाला इंग्लैंड के खिलाफ होखे वाला 5 मैच के टेस्ट सीरीज में एह ताज के बरकरार राखे के मौका बा। अब भारतीय टीम के अगिला टेस्ट मैच इंग्लैंड के खिलाफ 25 जनवरी के हैदराबाद मैदान में खेले के बा।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.