हंगरी के प्रेसिडेंट इस्तीफा देली : लईकन के यौन शोषण करे वाला आरोपी के माफी देवे पs कहलें- गलती हो गइल 

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 11, 2024

हंगरी के प्रेसिडेंट कैटलिन नोवाक इस्तीफा दे देले बाड़ी। उनकर इस्तीफा लईकन के यौन शोषण ममिला में फंसल एगो शख्स के माफी दिहल गइला के विरोध के बाद सामने आइल बा। ऊ कहली- हम माफी

Share

हंगरी के प्रेसिडेंट कैटलिन नोवाक इस्तीफा दे देले बाड़ी। उनकर इस्तीफा लईकन के यौन शोषण ममिला में फंसल एगो शख्स के माफी दिहल गइला के विरोध के बाद सामने आइल बा।

ऊ कहली- हम माफी मांगत बानी। हमरा से गलती भइल बा। लईकन के यौन शोषण ममिला में फंसल एगो शख्स के माफी दिहल गइला के फैसला से कइयन लोगन के ठेस पहुंचल बा। हम हमेसा से लईकन आ परिवारन के सुरक्षा के पक्ष में बानी आ रहेम।

राष्ट्रपति भवन के बाहर प्रदर्शन

दरअसल, अप्रिल 2023 में चिल्ड्रिन होम के पूर्व डिप्टी डायरेक्टर के माफी दिहल गइल रहे। ऊ लईकन के संगे कइल गइल यौन शोषण के छुपावे में अपना बॉस के मदद कइले रही। एकरा बाद से राष्ट्रपति के विरोध होत रहे। ई विरोध नौ फरवरी, 2024 के बढ़ गइल। लोग राष्ट्रपति भवन के बाहर जमा हो गइल। प्रदर्शन करे लागल। प्रेसिडेंट कैटलिन नोवाक के इस्तीफा के मांग कइल।

चीटिंग करे वाला नॉर्वे के शिक्षा मंतत्रियो देले रहस इस्तीफा

25 जनवरी, 2024 के नॉर्वे के शिक्षा मंत्री इस्तीफा दे देले रहली। उनका पs चीटिंग करे के आरोप रहे। शिक्षा मंत्री सैंड्रा बोर्च मनली कि ऊ 2014 में मास्टर डिग्री में दिहल जाये वाला थीसिस के कॉपी-पेस्ट कइले रहली।

35 साल के सैंड्रा बोर्च कहले रहली- हम बहुत बड़ गलती कइले बानी। हम कवनो आउर स्टूडेंट के थीसिस के देखके आपन थीसिस लिखले रहनी। हम सोर्स के नामो ना लिखले रहनी। दरअसल, थीसिस में जवना जगह से जानकारी लिहल गइल बा, ओकरा के कोट करे के पड़ेला। सैंड्रा अइसन ना कइले रहली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.