Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पानी में उबाल के बनाई ई टेस्टी नाश्ता, स्वाद अइसन के Pizza-Pasta खाइल भूला जाएब

243

 

नाश्ता में कुछ लोग काफी तेल मसालेदार चीजन के सेवन करेला। ज वन सेहत खातिर हेल्दी ऑप्शन नाहीं होलाs । अगर आपो वजन घटावल चाहत ह‌ईं आ दिन के शुरूआत कुछ हेल्दी ब्रेकफास्ट के साथे करे के चाहत बानी तs एकरे खातिर उबलल नाश्ता खाईं। हालांकि उबलल चीजन में लोगन के उतना स्वाद नाहीं आवेला जेतना फ्राइड चीजन में आवेला , बाकिर आजू हम आपके एगो अइसन रेसिपी बतावत बानी जेके आप उबाल के बहुते टेस्टी आ हेल्दी बना सकेनी। कैंडी स्टाइल के हरा-भरा रोल देख के आप खुद के ख‌इले से नाहीं रोक पाएब।एs नाश्ता के ख‌इले से राउर स्वाद सेहत दूनों एकदम फिट रहीं। जानीं क‌इसे बनाईं उबलल नाश्ता?

पानी में उबाल‌ के बनाईं हेल्दी नाश्ता

*करीब 250 ग्राम पालक के साफ क‌इके पत्ता निकाल लेंईं आ मिक्सी में बारीक पीस लेंईं।

*पालक के रंग हरीयर बन‌वले रखले खातिर पीसत वक्त 2-3 आइट क्यूब्स डाल देंईं।

*पिसल पालक के निकाल लेंईं आ एमें 1 बड़हन कप गेहूं के आटा आ आधा चम्मच नमक डालीं।

*थोड़ा पानी मिला के नरम आटा गूंध लेंईं आ एके ढ़क के 10 मिनट के खातिर रख देंईं।

*अब 3 मीडियम साइज के उबलल आलू के मैश क‌ई लेंईं। एमें 2 चम्मच बारीक कटलs प्याज डालीं।

*1गो हरीयर मिरचा बारीक काटल, 2 चम्मच गाजर कसल डाली आ 2 चम्मच बारीक कटल शिमला मिरचा डाल देंईं।

*आलू में नमक, लाल मिरचा, धनिया पाउडर, आमचूर आ गरम मसाला मिक्स करीं।

*सगरी चीजन के आलू के साथे अच्छे से मिला लेंईं आ आटा के दु हिस्सा में क‌s के लोई बना लेंईं।

*चॉपर बोर्ड पs तनीक सूखल आटा डाल‌के लोई के बड़हन आ चौकोर बेल लेंईं।

*साइड्स के काट लेंईं आ एसे छोट-छोट चौकोर हिस्सा में काट लेंईं जेसे ई रोल हो सकें।

*आलू के रोल बना के आटा के चौकोर हिस्सा के बीचे में रखीं आ एके रोल क‌s लेईं।

*किनारे से दबा देंईं आ फेरर कांटा से निशान बनाईं आ टूथपिक के मदद से कैंडी टॉफी ज‌इसन शेप में बंद क‌ई देंईं।

*एही तरह आपके सारा रोल त‌इयार करीं। अब एगो कड़ाही में पानी गर्म करीं आ उबाल अ‌वले पs ई रोल डाल देंईं।

*करीब 10 मिनट उबलेs के बादे एके पानी से निकाल लें‌ई आ अब एके हल्का फ्राई क‌ई लेंईं।

*पैन में 2 चम्मच तेल में जीरा, तनीक लहसुन कुटल , लाल मिर्च आ राई डाल के भूनीं।

* पानी में उबलल रोल डालीं आ थोड़ बारीक काटल हरीयर धनिया डाल के पकाईं।

*त‌इयार बा हेल्दी आ बेहद टेस्टी नाश्ता, जेके पानी में उबाल के त‌इयार क‌इल ग‌इल बा ।

 

 

791890cookie-checkपानी में उबाल के बनाई ई टेस्टी नाश्ता, स्वाद अइसन के Pizza-Pasta खाइल भूला जाएब

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.