का कबो खईले बानी उत्तराखंड के मशहूर भांग के चटनी? जरूर ट्राई कs के देखी ई पहाड़ी रेसिपी

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

अगर रउरो धनिया, पुदीना आ इमली के चटनी खा के ऊब गइल बानी तs भांग के चटनी के ई रेसिपी जरूर आजमाईं. उत्तराखंड के विशेष भांग के चटनी आपके स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो

Share

भांग के चटनी : फोटो

अगर रउरो धनिया, पुदीना आ इमली के चटनी खा के ऊब गइल बानी तs भांग के चटनी के ई रेसिपी जरूर आजमाईं. उत्तराखंड के विशेष भांग के चटनी आपके स्वास्थ्य खातीर बहुत फायदेमंद साबित हो सकता। भांग चटनी के मसालेदार स्वाद बच्चा से लेके बड़ लोग ले के पसंदीदा बन सकता। भांग चटनी बनावे के बहुत आसान तरीका के बारे में बताई जा।

*सबसे पहिले आधा कप भांग के बीज के पैन में डाल के लगभग 5 मिनट ले कम लौ पs सूखा रोस्ट करीं।

*भांग के बीज के तब ले भुन के तब ले भुनी जब ले कि उs हल्का भूअर ना हो जाव आ बीज के लगातार चलावत रही। बीज भुनला के बाद ठंडा होखे के छोड़ दीं।

*अब ब्लेंडर में भुनाइल भांग के बीज, एक कप हरियर धनिया के पत्ता, 2 चम्मच कटल हरियर मिर्च आ कटल अदरक डाल दीं।

*ब्लेंडर में 4 लहसुन के कली, एक चम्मच नमक, एक चम्मच नींबू के रस अवुरी आधा कप पानी डाल के एs सभ चीज़ के बढ़िया से ब्लेंड कs लीं।

*एकरा बाद चटनी में टेम्परिंग डाले खातिर एगो कड़ाही में एक चम्मच घी के मध्यम आंच पs गरम करीं। अब 2 गो साबुत सूखल लाल मिर्च के गरम घी में महज 5 सेकंड खातिर भूंज लीं।

*अब एह टेम्परिंग के चटनी के साथे बढ़िया से मिला लीं। राउर स्वादिष्ट, मसालेदार आ हेल्दी भांग चटनी परोसे खातिर तैयार बा।

*उत्तराखंड के मशहूर भांग चटनी के चावल भा रोटी के संगे परोस सकेनी। विश्वास करीं पहाड़ी अंदाज में बनल एह भांग चटनी के स्वाद रउरा सभे के बहुत पसंद आई।

 

 

 

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.