[the_ad_group id="30365"]

आपके फोन में बा Earthquake Detector, भूकंप आवते करी अलर्ट, ऑन कs लीं इs सेटिंग

Earthquake Detector
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली-एनसीआर में आजु यानी सोमार के सबेरे 5:36 बजे तेज भूकंप के झटका महसूस भइल। भूकंप एतना तेज रहे कि लोग घर से बाहर निकलल। लोग एकरा के नोएडा, गाजियाबाद, गुरुग्राम, दिल्ली से सटल फरीदाबाद से लेके सोनीपत अवुरी मेरठ तक महसूस कईले। सरकारी आंकड़ा के मुताबिक भूकंप के केन्द्र राजधानी दिल्ली में रहे अवुरी एs भूकंप के तीव्रता रिक्टर पैमाना पs 4.0 रहे। हाल ही में गूगल स्मार्टफोन के इस्तेमाल करे वाला लोग खातिर भूकंप डिटेक्टर फीचर पेश कईले बा, जवन कि भूकंप आवे पs अलर्ट कs देवेला। आप अपना फोन में भी एs फीचर के चालू कs सकतानी।

एह सेटिंग के चालू कs दीं

गूगल आपन ब्लॉग पोस्ट में कहलस कि एंड्रॉयड भूकंप अलर्ट सिस्टम भारत समेत बहुत देश में मौजूद बा। हालांकि हाल में ब्राजील में इs फीचर बंद कs दिहल गईल बा। एंड्रॉयड स्मार्टफोन यूजर आपन फोन के सेटिंग में जाके एs अलर्ट सिस्टम के सक्रिय कs सकतारे। एकरा खातिर ओह लोग के नीचे दिहल चरण के पालन करे के पड़ी.

इहो पढ़ीं: शरीर में बढ़ गइल बा यूरिक एसिड के मात्रा, तs खाई इs चटनी जल्दिए नजर आई फर्क

*Android स्मार्टफोन यूजर्स के सबसे पहिले अपने फोन के सेटिंग्स में जाए के होई।
*एकरी बाद Safety and Emergency पs टैप करे के होई।

*एकरा बाद रउरा Earthquake Alerts वाला ऑप्शन देखाइ दी.

*एs पs टैप करे के बाद एकरा इनेबल करे वाला टूगल के ऑन करे के होई।

*स्मार्टफोन में एs अलर्ट सिस्टम के चालू कईला के बाद यूजर के अपना आसपास होखेवाला हर भूकंप के जानकारी मिलत रही। हालांकि ई अलर्ट सिस्टम तबे काम करेला जब भूकंप के तीव्रता 4.5 भा ओकरा से अधिका होखे. कम तीव्रता वाला भूकंप में ई अलर्ट काम ना करीं.

सिस्टम कईसे काम करेला?

एंड्रॉयड के सभ स्मार्टफोन में एक्सीलरोमीटर नाम के सेंसर बा, जवन कि डिवाइस में सिस्मोमीटर निहन काम करेला.इs सेंसर जब कंपन होखेला तs उपयोगकर्ता के अलर्ट भेज देवेला। गूगल अपना ब्लॉगपोस्ट में कहलस कि, जदी फोन चार्ज होखता तs उs भूकंप के शुरुआती स्टेज में पता लगावेला अवुरी अलर्ट भेजल शुरू कs देवेला।

स्मार्टफोन के स्क्रीन पs यूजर के आसपास के इलाका में आईल भूकंप के बारे में जानकारी मिलेला, जवना में भूकंप के तीव्रता भी शामिल बा। गूगल के कहनाम बा कि इंटरनेट सिग्नल के गति भूकंप के गति से बहुत तेज बा। एकरा चलते यूजर के भूकंप के अलर्ट जल्दी मिल सकता अवुरी उs सुरक्षित जगह पs पहुंच के आपन जान बचा सकतारे।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं भगवान शिव के त्रिशूल के ऊपर स्थित ‘काशी विश्वनाथ मंदिर’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]