अक्सर बढ़ जाला ब्लड प्रेशर, तs डाइट में तुरंत शामिल क‌s लेंई खाए के ई चीज

By Anurag Ranjan

Published on: Oct 14, 2024

      खराब लाइफस्टाइल आ अनहेल्दी डाइट प्लान के वजह से हाई ब्लड प्रेशर के समस्या काफी ढेर बढ़त जात बा। अगर आपो के इहे लागत बा की खाली दवाई खा के आपो अपने

Share

सेहत: फोटो

 

 

 

खराब लाइफस्टाइल आ अनहेल्दी डाइट प्लान के वजह से हाई ब्लड प्रेशर के समस्या काफी ढेर बढ़त जात बा। अगर आपो के इहे लागत बा की खाली दवाई खा के आपो अपने बीपी के कंट्रोल क‌s सकेनी तs आपो अपने एs गलतफहमी के दूर का कs ली। ब्लड प्रेशर पs काबू पाए खातिर आपो अपने डाइट प्लान में कुछ नेचुरल खाना के चीजन के शामिल क‌s सकेनी। आईं अइसने कुछ फूड आइटम्स के बारे में जानल जा।

कइसन हो‌खे के चाहीं डाइट?

हाई ब्लड प्रेशर के कंट्रोल क‌रे के खातिर आपके अपने डाइट प्लान के पौष्टिक आ संतुलित बनवले के कोशिश करे के चाहीं। आपके अपने डेली डाइट में फल, सब्जी, साबुत अनाज आ लो फैट डेयरी प्रोडक्ट्स के जरूर शामिल करे के चाहिं। एकरे अलावा आपके सोडियम के कम मात्रा के अपने डाइट के हिस्सा बनावे के चाहीं।

फायदेमंद साबित होंईं ई चीज

अगर आपो अपने ब्लड प्रेशर के कम करल चाहत बानी तs आपो एवोकाडो, कीवी आ संतरा के सेवन क‌s सकेनी। हरीयर पत्तेदार सब्जि ब्लड प्रेशर पs काबू प‌वले में मददगार साबित हो सकेला । पिस्ता आ अखरोट ज‌इसन ड्राई फ्रूट्स आपके बीपी के कम क‌इलें में कारगर साबित हो सकेला । अगर आपो चाहीं तs दालचीनी के अपने डाइट में शामिल क‌s सकेनी। एकरे अलावा अगर आपो नॉन वेजिटेरियन बानी तs सही मात्रा में मछली के कंज्यूम क‌s सकेनी।

काहें जरूरी बा कंट्रोल क‌इल?

हाई ब्लड प्रेशर के समस्या के समय रहते कंट्रोल क‌इल बेहद जरूरी हs। अगर हाई बीपी पs काबू ना हो पाइल तs आपो स्ट्रोक आ हार्ट अटैक जइसन गंभीर आ जानलेवा बेमारी के चपेट में आ सकेनी । एही वजही से हेल्थ एक्सपर्ट्स अक्सर हाई बीपी के समस्या के हल्का में ना लेवे के सलाह दिहल जाला।

(ई आर्टिकल सामान्य जानकारी खातिर बा, कवनो उपाय के अपनवले से पहिले डॉक्टर से परामर्श अवश्य लेंई)

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.