[the_ad_group id="30365"]

Aadhar : आधार कार्ड कहां-कहां यूज भइल बा, इहां जानीं ई आसान तरीका

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। आज के डिजिटल जमाना में आधार कार्ड हमनी के पहचान के सबसे जरूरी दस्तावेज बन गइल बा। बैंकिंग से लेके सिम कार्ड, सरकारी योजना आ ऑनलाइन सेवा तक हर जगह एकर इस्तेमाल होला। बाकिर जदि एकर गलत इस्तेमाल हो जावs तs बड़ नुकसान हो सकेला। एही से जरूरी बा कि रउआ जानीं कि राउर आधार कहां-कहां इस्तेमाल हो रहल बा।

अब ई जानकारी हासिल करे के काम पहिले से बहुत आसान हो गइल बा। UIDAI के वेबसाइट भा mAadhaar ऐप के मदद से रउआ अपना आधार के ऑथेंटिकेशन हिस्ट्री देख सकत बानी। नया आधार ऐप से ई काम आउर आसान हो गइल बा, जवना में बस एक क्लिक पs पूरा डिटेल मिल जाला।

एह तरे चेक करीं आधार के इस्तेमाल

  • सबसे पहिले अपना मोबाइल में नया आधार ऐप डाउनलोड करीं आ ओपन करीं।
  • एकरा बाद स्क्रीन पs स्वाइप अप करीं।
  • अब रउआ के कइयन गाे ऑप्शन नजर आई।
  • एमे से “Auth History” वाला विकल्प पs क्लिक करीं।
  • क्लिक करतही पूरा लिस्ट खुल जाई।
  • एह लिस्ट में रउआ देख सकत बानी कि राउर आधार कब, कहां आ केतना बजे इस्तेमाल भइल बा।
  • अगर कवनो संदिग्ध गतिविधि दिखे तs तुरंत सतर्क हो जाईं।

नया आधार ऐप के खास फीचर

नया आधार ऐप में कइयन गो एडवांस फीचर मिलेला। रउआ आसानी से QR कोड शेयर कs सकत बानी, जवना से हर जगह कार्ड ले जाये के जरूरत ना पड़ी। एमे बायोमेट्रिक लॉक आ अनलॉक के सुविधा बा, जवन रउआ डेटा के सुरक्षित रखे में मदद करेला।

एह तरीका से रउआ अपना आधार कार्ड के इस्तेमाल पs नजर रख सकत बानी आ कवनो धोखाधड़ी से बच सकत बानी।

Read Also: Etawah Cyber Fraud : इटावा में साइबर ठगी के बड़ खुलासा, चार भाई गिरफ्तार, करोड़न के संपत्ति जब्त

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]