[the_ad_group id="30365"]

Etawah Cyber Fraud : इटावा में साइबर ठगी के बड़ खुलासा, चार भाई गिरफ्तार, करोड़न के संपत्ति जब्त

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इटावा। इटावा में साइबर ठगी के एगो बड़ ममिला सामने आइल बा, जहां बसरेहर पुलिस ग्राम अयारा के चार भाई सतीश कुमार, हरिओम, अखिलेश कुमार आ अजीत कुमार के गिरफ्तार कइले बिया। ई लोग साइबर ठगन के संगे मिलके बैंक खाता उपलब्ध करवावत रहे आ बदला में कमीशन लेत रहे।

पुलिस के मोताबिक, ई चारो भाई साइबर ठगन के खातन के माध्यम से पईसा ट्रांसफर करावत रहलें आ बाद में ओह पईसा के ऑनलाइन बेटिंग गेम में लगाके कमाई करत रहे। एकरा अलावे ई लोग ऑनलाइन निवेश करत रहे आ कइयन गो अलग-अलग खातन में पईसा रखत रहे, ताकि पकड़ल ना जा सके।

छापा में लाखन रुपिया बरामद

पुलिस जब छापा मरलस, तs करीब 30 लाख 60 हजार रुपिया नगद बरामद भइल। संगही डिजिटल खातन में जमा करीब 60 लाख 58 हजार रुपिया होल्ड करा दिहल गइल बा। जानकारी के अनुसार, ई लोग 82 गो लॉटरी ऐप के माध्यम से पईसा कमाके निवेश करत रहे।

लालच देके फंसावत रहलें सs लोगन के

एसएसपी बृजेश कुमार श्रीवास्तव बतवलें कि आरोपी लोग मासूम लोगन के लालच देके भा डिजिटल अरेस्ट के डर देखाके पईसा अपना खातन में मंगवावत रहे। बाद में ओह पईसा के कइयन गाे खातन में ट्रांसफर कs दिहल जाला, ताकि ट्रैकिंग मुश्किल हो जावs।

बरामद भइल कइयन गो सामान

पुलिस आरोपियन के लगे से नव मोबाइल फोन, 19 एटीएम कार्ड, चार पैन कार्ड, नव पासबुक, दूगो चेकबुक आ दूगो मोटरसाइकिल बरामद कइले बिया। एह सफलता पs पुलिस टीम के 25 हजार रुपिया के इनामो दिहल गइल बा।

बतावल जा रहल बा कि ई चारो भाई पानीपत में शटरिंग के काम करत रहे आ ओही दौरान साइबर ठगन के संपर्क में आ गइल रहे। अब पुलिस पूरा नेटवर्क के जांच में जुटल बिया।

Read Also: UP News : 26 से 35 साल के जुवा क्रिप्टो में सबसे आगे, यूपी बनल नंबर वन- क्वाइन स्वीच रिपोर्ट

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]