दिल्ली-मेरठ एक्सप्रेसवे पs भीषण सड़क हादसा, स्कूल बस आ कार के टक्कर में छव के मउत,

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 11, 2023

दिल्ली-मेरठ एक्सप्रेसवे पs एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल बा। इहाँ स्कूल बस अवुरी कार (टीयूवी) के बीच टक्कर भईल बा, जवना में 6 लोग के मउत हो गईल बा। डीसीपी ग्रामीण जोन एकर पुष्टि

Share

दिल्ली-मेरठ एक्सप्रेसवे पs एगो भयानक सड़क हादसा हो गइल बा। इहाँ स्कूल बस अवुरी कार (टीयूवी) के बीच टक्कर भईल बा, जवना में 6 लोग के मउत हो गईल बा। डीसीपी ग्रामीण जोन एकर पुष्टि कइले बा। NH 9 पs लालकुआं से दिल्ली जाए वाली लेन में दुर्घटना भईल। पुलिस आ डीएमई टीम बचाव में लागलबिया। मिलल जानकारी के मुताबिक इ घटना क्रॉसिंग रिपब्लिक थाना क्षेत्र के राहुल विहार के सोझा भईल।

दुर्घटना अतना भयावह रहे कि लाश गाड़ी में बहुत जादे फंस गईल रहे अवुरी पुलिसकर्मी के ओ लोग के बाहर निकाले खातीर बहुत संघर्ष करे के पड़ल। दुर्घटना के बाद मौका पs भी लोग के भारी भीड़ देखाई देलस। मिलल जानकारी के मुताबिक कटर से गेट काट के लाश निकाले के पड़ल। लाश के पोस्टमार्टम खातीर भेज दिहल गईल बा।

ए दुर्घटना पs अपर डीसीपी ट्रैफिक रामानंद कुशवाहा कहले कि, ‘दिल्ली-मेरठ एक्सप्रेसवे पs सबेरे करीब 6 बजे स्कूल बस अवुरी टीयूवी कार के बीच टक्कर भईल। बस चालक दिल्ली गईल रहे अवुरी उहाँ से सीएनजी भरवा के गलत साइड से आवत रहे। टीयूवी में बईठल लोग मेरठ से आवत रहे आ गुड़गांव जाए के पड़ल। आमने-सामने के टक्कर में 6 लोग के तुरन्ते मउत हो गईल बा, 2 लोग गंभीर रूप से घायल बाड़े, उनुकर इलाज हो रहल बा। बस के चालक पकड़ा गईल बा। ए मामला में पूरा गलती बस चालक के रहे, जवन दिल्ली से सीएनजी भरला के बाद गलत साइड से आवत रहे।

कुशवाहा बतवले कि गाड़ी में कुल 8 लोग रहले। जवना में 2 बच्चा, 2 पुरुष अवुरी 2 महिला रहली। बाकी लोग भी परिवार के रहे। 2 लोग गंभीर रूप से घायल बाड़े, उनुकर इलाज चलता। बस बाल भारती स्कूल नोएडा के रहे। मामला के निरीक्षण जारी बा।’

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.