आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs भीषण सड़क हादसा, बस ट्रक के मरलस टक्कर, 5 लोगन के मउत, 9 लो घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 9, 2024

    आगरा लखनऊ एक्सप्रेसवे पs एगो बड़हन हादसा देखल गइल बा. इहां हाईवे पs खड़ा एगो ट्रक के पीछे से आवत बस के टक्कर मार दिहलस। एs घटना में बस में सवार 5 लोग

Share

Road Accident

 

 

आगरा लखनऊ एक्सप्रेसवे पs एगो बड़हन हादसा देखल गइल बा. इहां हाईवे पs खड़ा एगो ट्रक के पीछे से आवत बस के टक्कर मार दिहलस। एs घटना में बस में सवार 5 लोग के मउत हो गईल बा अवुरी 9 यात्री घाही हो गईल बाड़े। एहमें से एगो यात्री के हालत गंभीर बतावल जात बा.

इs बस मथुरा से लखनऊ जात रहे। एही बीच फिरोजाबाद के नजदीक हाईवे पs खड़ा एगो ट्रक से बस टकरा गईल। बता दीं कि एह बस में करीब 25 लोग रहले. एहमें 8 गो लइकन के भी शामिल बा। पुलिस के मिलल जानकारी के मुताबिक बस के चालक नशा में धुत्त अवस्था में रहे, जवना के चलते उs बस पs नियंत्रण खो देले अवुरी हाईवे पs खड़ा ट्रक से टकरा गईले।

अस्पताल में घायल लोग के इलाज जारी बा

बता दीं कि एह घटना के बाद पुलिस के तुरंत सूचना दिहल गईल अवुरी तुरंत एम्बुलेंस बोलावल गईल। एकरा बाद घटना में घाही लोग के फिरोजाबाद अस्पताल ले आवल गईल। बता दीं कि एगो गंभीर रूप से घायल आदमी के आगरा रेफर कs दिहल गईल बा। फिरोजाबाद के नसीरपुर थाना क्षेत्र के एक्सप्रेसवे पs इs हादसा देखाई देलस। बता दीं कि एहसे पहिले सहारनपुर जिला के गंगोह थाना क्षेत्र में एगो बड़हन सड़क दुर्घटना देखल गइल रहे जवना में बियाह से लवटल दूल्हा के भाई आ देवर के सड़क दुर्घटना में मउत हो गइल रहे. बता दीं कि एह हादसा में दोसर आदमी गंभीर रूप से घायल हो गइल बा.

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.