हनी सिंह बादशाह के माफी मंगले पs तोड़ले चुप्पी, अनबन पs बोलले- ‘दोस्त होत तs…’

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 26, 2024

    हनी सिंह अवुरी बादशाह अपना रिश्ता के लेके कुछ समय से खबर में बाड़े। कई बेर दुनों के बीच मतभेद अवुरी विवाद के खबर सोझा आवत रहेला, जवन कि एs लोग के प्रशंसक

Share

 

 

हनी सिंह अवुरी बादशाह अपना रिश्ता के लेके कुछ समय से खबर में बाड़े। कई बेर दुनों के बीच मतभेद अवुरी विवाद के खबर सोझा आवत रहेला, जवन कि एs लोग के प्रशंसक तक हैरान कs देले बा। रैपर बादशाह हालही में यो यो हनी सिंह से माफी मँगले रहले आ एह लोग के 15 साल पुरान झगड़ा खतम करे के संकेत दिहले रहले. बादशाह हनी सिंह से सार्वजनिक तौर पs माफी मंगले रहले अवुरी कहले रहले कि दुनो लोग के बीच कुछ गलतफहमी बा, बाकिर अब उs एs दुश्मनी के खतम कईल चाहतारे। बादशाह के माफी माँगला के बाद पहिला बेर हनी सिंह आपन चुप्पी तूड़ दिहले बाड़न.

बादशाह से लड़ाई पs चुप्पी तुड़ले हनी सिंह

जब यो यो हनी से उनुका अवुरी बादशाह के बीच मतभेद के बारे में पूछल गईल तs उs कुछ अयीसन कहली जवन कि एक बेर फेर दुनो लोग के बीच हलचल मच गईल। यो यो हनी सिंह कहलन कि यार… हमरा तs एकदम से समझ में नइखे आवत कि आज तक हम कबो केहू के बारे में कवनो गलत बात नईखी कहले। कुछ लोग कहेला कि फॉल आउट भइल रहे. हमरा समझ में नईखे आवत कि हनी सिंह-बदशाह के लड़ाई के बारे में लोग एतना बतियावत बाड़े।

बादशाह के माफी माँगे पर हनी सिंह कहलन

बादशाह के माफी पs आगे हनी सिंह कहले कि, ‘का एकरा अलावे केहु के अवुरी कुछूओ चर्चा करे के नईखे? एतना साल तक एगो आदमी हमरा बारे में बतियावत रहल, फेर एक दिन माफी मंगलस। हम ओह बारे में का कहब, तs हमरा एह बारे में बात कइल जरूरी नइखे लागत. हमरा ओकरा से कवनो लेना-देना नइखे… हम ओकरा के कवनो महत्व ले ना देनी उ कबो हमार दोस्त ना रहले। अगर हमार दोस्त रहित तs अलग बात रहित।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.