Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बरौनी से बलसाड के बीच चली होली स्पेशल ट्रेन : 19 आ 21 मार्च के एक फेरा लगाई, छपरा के यात्रियन के होई आसानी

231

रेलवे प्रशासन होली पs वलसाड-बरौनी-वलसाड होली विशेष ट्रेन बनाके चलावे के निर्णय लेले बा। गाड़ी बलसाड से 19 मार्च के आ बरौनी से 21 मार्च के एक फेरा खातिर चली। जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार बतवलें कि गाड़ी संख्या 09061 वलसाड-बरौनी होली विशेष गाड़ी 19 मार्च के वलसाड से 02:15 बजे प्रस्थान करी।

एकरा बाद सूरत, बड़ोदरा, रतलाम आदि जगहन से होत बरौनी 18:00 बजे पहुंचेगी। ओहिजा वापसी यात्रा में गाड़ी संख्या 09062 बरौनी-वलसाड होली विशेष गाड़ी 21 मार्च के बरौनी से 12:15 बजे खुलके कोटा, रतलाम होत 03:45 बजे वलसाड पहुंची।

767190cookie-checkबरौनी से बलसाड के बीच चली होली स्पेशल ट्रेन : 19 आ 21 मार्च के एक फेरा लगाई, छपरा के यात्रियन के होई आसानी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.