Holi 2024: राष्ट्रपति मुर्मू देसवासियन के देली रंगन के त्योहार के सुभकामना, पीएम मोदी कहलें ई बात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 25, 2024

Holi 2024: राष्ट्रपति मुर्मू देशवासियन के देली रंगन के त्योहार के सुभकामना, पीएम मोदी कहलें ई बात देस में सोमार के होली मनावल जाई, जबकि कुछ हिस्सन में मंगर के होली के त्योहार मनावल जाई।

Share

Holi 2024: राष्ट्रपति मुर्मू देशवासियन के देली रंगन के त्योहार के सुभकामना, पीएम मोदी कहलें ई बात

देस में सोमार के होली मनावल जाई, जबकि कुछ हिस्सन में मंगर के होली के त्योहार मनावल जाई। एकरा पहिले राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू आ प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी अतवार के देसवासियन के होली के सुभकामना दिहल लो। राष्ट्रपति मुर्मू होली के पूर्वसंध्या पs अतवार के देसवासियन के सुभकामनाएं देली आ कहली कि ई त्योहार लोगन के बीच प्रेम, एकता आ भाईचारा के भावना के बढ़ावा देला। ओहिजा, पीएम मोदी सबका जिनगी में नया ऊर्जा आ नया उत्साह के कामना कइलें।

आईं जानल जाव राष्ट्रपति का कहली…

राष्ट्रपति एगो संदेश में कहली कि ई त्योहार हमनी के अपना सांस्कृतिक विरासत के मजबूत करे खातिर प्रेरित करत बा। होली एगो जीवंत आ आनंद के त्योहार हs, जवन हमनी के जिनगी में आशा आ उत्साह भरेला। होली के अलग-अलग रंग हमनी के देस के विविधता के प्रतीक हs। ई त्योहार लोगन के बीच प्रेम, एकता आ भाईचारा के भावना के बढ़ावा देला। ई त्योहार हमनी के अपना सांस्कृतिक विरासत के मजबूत करे खातिर प्रेरितो करेला।

ऊ कहली कि रंगन के ई त्योहार हर केहू के जिनगी में खुसी लेके आवे आ हमनी सभन के नया उत्साह के संगे राष्ट्र निर्माण के दिशा में काम करे खातिर प्रेरित करेला। होली के सुभ अवसर पs, हम भारत आ बिदेस में रहे वाला सब भारतीय के सुभकामना देत बानी।

पीएम मोदी का कहलें…

एकरा पहिले पीएम मोदी एक्स पs लिखलें, ‘देस के हमरा सब परिवारजनन के होली के अनेकानेक सुभकामना। स्नेह आ सद्भाव के रंगन से सजल ई पारंपरिक परब रउआ सभे के जिनगी में नया ऊर्जा आ नया उत्साह लेके आवे।’

उपराष्ट्रपति धनखड़ ने होली के सुभकामनाएं देलें

उपराष्ट्रपति जगदीप धनखड़ अतवार के होली के त्योहार के संबंधन के मजबूत करे, पुरान शिकवा शिकायत के दूर करे आ नया आ जीवंत अवसरन के अपनावे के अवसर बतवलें। रंगन के त्योहार के पूर्व संध्या पs अपना संदेश में धनखड़ कहलें कि होली हमनी के संबंधन के फेर से जीवंत करे आ वसंत के आगमन के स्वागत करे में एगो अहम भूमिका निभावेला। उपराष्ट्रपति कहलें कि ई जिनगी के उत्सव आ प्रकृति के प्रचुरता के प्रतीक हs। होली हमनी के संबंधन के मजबूत करे, पुरान शिकायतन के दूर करे आ नया आउर जीवंत अवसरन के अपनावे के एगो अवसर हs।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.