[the_ad_group id="30365"]

4 जून के इतिहास : चीन में सेना के बर्बरता, अउरी का खास बा?

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इतिहास के हर दिन कवनो ना कवनो महत्वपूर्ण घटना से जुड़ल बा। 4 जून के तारीख हs जवना के दिन बहुत बड़ आयोजन देश आ दुनिया पs आपन छाप छोडला। अइसने एगो घटना 4 जून 1989 के चीन के राजधानी बीजिंग में भइल रहे जहाँ चीनी सेना शांतिपूर्ण तरीका से निहत्था नागरिकन पर बंदूक आ टैंक से कार्रवाई कइलस जवना में भारी संख्या में लोग के मौत हो गइल।

इतिहास के हर दिन कवनो ना कवनो महत्वपूर्ण घटना से जुड़ल बा। 4 जून के तारीख हs जवना के दिन बहुत बड़ आयोजन देश आ दुनिया पs आपन छाप छोड़ले। अइसने एगो घटना 4 जून 1989 के चीन के राजधानी बीजिंग में भइल जहाँ चीनी सेना शांतिपूर्ण तरीका से निहत्था नागरिकन पर बंदूक आ टैंक से कार्रवाई कइलस जवना में बहुते लोग के मौत हो गइल । इतिहास में एकरा के ‘तियानमेन स्क्वायर नरसंहार’ के नाम से जानल जाला। एकरा अलावे एगो अउरी बड़ घटना 4 जून 2001 के भइल जब ज्ञानेन्द्र वीर बिक्रम शाह नेपाल के राज सम्हरले रहले महाराजा ज्ञानेंद्र दुनिया के अंतिम हिन्दू सम्राट रहले। हालांकि ऊ नेपाल के सम्राट के पद कुछे साल तक ही सम्हार सकत रहले काहे कि ओकरा बाद एगो बड़ आंदोलन के बाद उनका के सत्ता से बेदखल कs दिहल गइल रहे। देश आ दुनिया के इतिहास में 4 जून के तारीख के दर्ज अन्य प्रमुख घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  • 1896 : हेनरी फोर्ड अमेरिका के डेट्रायट में परीक्षण खातिर आपन पहिला मॉडल लॉन्च कइलें।
  •  1919 : अमेरिकी नौसेना कोस्टा रिका पर हमला कइलस।
  •  1929 : जॉर्ज ईस्टमैन पहिली रंगीन फिलिम के सुरुआत कइलें।
  •  1936 : हिंदी सिनेमा के मशहूर अभिनेत्री नूतन के जनम। बंदिनी, सुजाता, अनारी समेत कई गो फिलिमन में सदाबहार अभिनय खातिर जानल जालें।
  •  1940 : दुसरा बिस्व जुद्ध के दौरान जर्मन सेना फ्रांस के राजधानी पेरिस में घुसल।
  •  1944 : दुसरा बिस्व जुद्ध के दौरान अमेरिकी सैनिक रोम में घुसल।
  •  1959 : सी राजगोपालाचारी स्वतंत्र पार्टी के गठन के घोषणा कइले।
  •  1964 : मालदीव संविधान के निर्माण कइलस।
  •  1970 : ब्रिटेन से अलगा भइला का बाद टोंगा स्वतंत्र देश बन गइल।
  •  1975 : अमेरिकी अभिनेत्री एंजेलीना जोली के जनम भइल।
  •  1982 : इजरायल दक्षिण लेबनान पर हमला कइलस।
  •  1989 : चीन के राजधानी बीजिंग के तियानमेन स्क्वायर पर शांतिपूर्ण प्रदर्शन करत नागरिकन का खिलाफ सैन्य कार्रवाई।
  •  1991 : दुसरा बिस्व जुद्ध के बाद यूरोपीय देस अल्बानिया में पहिली गैर-कम्युनिस्ट सरकार के गठन भइल।
  •  1997 : दूरसंचार उपग्रह 2D कक्षा में पहुँचल।
  • 2001 : नेपाल राजा दीपेन्द्र के अस्पताल में मौत हो गइल। वीर बिक्रम शाह नेपाल के सम्राट के पद सम्हरले।
  •  2003 : डोमिनिकन रिपब्लिक के 18 साल के सुंदरी एमिलिया वेगा मिस यूनिवर्स-2003 बनली।
  •  2006 : युगोस्लाविया के पूर्व गणराज्य मोंटेनेग्रो आजादी के घोषणा कइलस।
  •  2015 :घाना में पेट्रोल पंप में आग लगला से 200 से अधिका लोग के मौत हो गइल ।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]