Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हिमाचल चुनाव 2022: कांग्रेस जारी कइलस घोषणा पत्र, पुरनका पेंशन बहाली आ 1 लाख नौकरी देवे के कइलस वादा

कांग्रेस हिमाचल प्रदेश चुनाव के लेके सनीचर के अपना घोषणा पत्र जारी क देले बिया। एह इस दौरान छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल आ राजीव शुक्ला मवजूद रहे। 

531

Himachal Pradesh Election 2022: कांग्रेस हिमाचल प्रदेश चुनाव के लेके सनीचर के आपन घोषणा पत्र जारी क देले बिया। एह दौरान छत्तीसगढ़ के मुख्यमंत्री भूपेश बघेल आ राजीव शुक्ला मवजूद रहलें। बतावत चलीं कि हिमाचल प्रदेश में विधानसभा चुनाव खातिर 12 नवंबर के मतदान होखे के बा। सब राजनीतिक दल एकरा खातिर उम्मीदवारन के सूची जारी क देले बाड़ी स आ अब कांग्रेस हिमाचल प्रदेश खातिर अपना पार्टी के ओर से घोषणापत्र जारी क दिहल गइल बा।

कांग्रेस हिमाचल के जनता से कइलस कइयन गो वादा

बता दीं कि एह घोषणा पत्र में कांग्रेस जनता के ओपीएस लागू करे, महिला लोगन के 1500 रुपिया हर महीना, 300 यूनिट मुफ्त बिजली आ 2 रुपिया प्रति किलो गाय के गोबर के किनला सहित 10 गारंटी देवे के वादा कइले बिया। अपना घोषणापत्र में कुल 10 मुद्दन के सम्मिलित कइल गइल बा। जेमे कांग्रेस पहिला नंबर प पुरनका पेंशन नीति बहाल करे के बात कहले बिया। संगही कांग्रेस अपना घोषणा पत्र में 5 लाख लोगन के रोजगार देवे के वादा कइले बिया।

कांग्रेस के घोषणा पत्र में ई 10 मुद्दा बा सम्मिलित

  • पुरानी पेंशन होई बहाल
  • युवा लोगन खातिर 5 लाख रोजगार
  • महिला लोगन के हर महीना 1500
  • 300 यूनिट फ्री बिजली
  • बागवां तय करी लो फलन के कीमत
  • युवा लोगन खातिर 6800 करोड़ के स्टार्ट-अप फंड
  • हर विधानसभा में खुली 4 अंग्रेजी मीडियम स्कूल
  • नया उद्योग नीति, पार्किंग निर्माण प रही जोर
  • मनरेगा के तर्ज प शहरी आजीविका योजना लागू कइल जाई जा
  • हिमाचल प्रदेश में नया पर्यटन नीति ले आवल जाई

हिमाचल में सत्ता विरोधी लहर के भुनावे के कोसिस में जुटल बिया कांग्रेस

कांग्रेस पार्टी के चुनाव घोषणा समिति के अध्यक्ष धनीराम शांडिल कहलें कि भारतीय जनता पार्टी (BJP) लोगन के  उम्मीदन प खरा उतरे में नाकाम रहल बिया आ उ 5 साल पहिले कइल गइल अपना वादा के पूरा ना कइलस। धनीराम शांडिल कहलें कि ई महज चुनावी घोषणापत्र ना ह बलुक हिमाचल प्रदेश के लोगन के विकास आ कल्याण खातिर तइयार दस्तावेज ह। कांग्रेस राज्य में सत्ता विरोधी लहर के भुनावे के कोसिस कर रहल बिया आ मतदाता से बीजेपी के सत्ता से बेदखल के अनुरोध कर रहल बिया।

साभार: प्रभात खबर

370820cookie-checkहिमाचल चुनाव 2022: कांग्रेस जारी कइलस घोषणा पत्र, पुरनका पेंशन बहाली आ 1 लाख नौकरी देवे के कइलस वादा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.