UP – MP समेत 18 राज्यन में भारी बरखा के अलर्ट, उत्तराखंड में गंगोत्री हाईवे ब्लॉक

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 3, 2023

आजु देश के 18 राज्य में भारी बारिश के अलर्ट बा। एहमें पूर्वी राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़ आ उत्तर प्रदेश शामिल बा। उत्तराखंड के उत्तरकाशी जिला में पहाड़ से गिरत मलबा के चलते गंगोत्री राष्ट्रीय

Share

आजु देश के 18 राज्य में भारी बारिश के अलर्ट बा। एहमें पूर्वी राजस्थान, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़ आ उत्तर प्रदेश शामिल बा।

उत्तराखंड के उत्तरकाशी जिला में पहाड़ से गिरत मलबा के चलते गंगोत्री राष्ट्रीय राजमार्ग जाम हो गईल। गंगोत्री धाम यात्रा पs जाए वाला कुछ लोग इहाँ फंस गईले। पुलिस-प्रशासन के टीम मलबा हटावे में व्यस्त बिया।

बिपरजॉय से गुजरात के 1200 करोड़ के घाटा

चक्रवात बिपरजॉय से गुजरात में 1.33 लाख हेक्टेयर जमीन प्रभावित भइल आ 1200 करोड़ से अधिका के नुकसान भइल। केंद्रीय गृह राज्यमंत्री नित्यानंद राय बुधवार के राज्यसभा में इ जानकारी देले। उ जानकारी देले कि केंद्र सरकार गुजरात खातीर 1140 करोड़ रुपया जारी कईले बिया।

साभार- भास्कर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.