यूपी : 250 लोगन के विदेश भेजे के नाम पे ठगलस, करोड़ों हड़प के फरार हो गईल

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 16, 2023

यूपी : 250 लोगन के विदेश भेजे के नाम पे ठगलस, करोड़ों हड़प के फरार हो गईल गोरखपुर: गोरखपुर के पादरी बाजार में शाहपुर इलाका के मेडिकल कॉलेज रोड स्थित राधिका कांप्लेक्स में एगो जालसाज

Share

यूपी : 250 लोगन के विदेश भेजे के नाम पे ठगलस, करोड़ों हड़प के फरार हो गईल

गोरखपुर: गोरखपुर के पादरी बाजार में शाहपुर इलाका के मेडिकल कॉलेज रोड स्थित राधिका कांप्लेक्स में एगो जालसाज एगो कार्यालय खोल के करीब 250 लोग के विदेश भेजे के नाम पे करोड़ों रुपया लूट लेलस।

गोरखपुर के पादरी बाजार में शाहपुर इलाका के मेडिकल कॉलेज रोड पे स्थित राधिका परिसर में एगो जालसाज एगो कार्यालय खोल के करीब 250 लोगन के विदेश भेजे के नाम पे करोड़ों रुपिया लूट लिहलस सोमार के दिने मुख्यमंत्री जनता दर्शन में शिकायत के बाद शाहपुर पुलिस बुध के साँझ ओडिशा प्रांत के निवासी आर.रोबाना के खिलाफ मुकदमा दर्ज कर के खोजबीन शुरू कर दिहल गई| देवरिया के बरईपुर गांव के निवासी संजय कुमार यादव सोमवार के मुख्यमंत्री जनता दरबार में शिकायत कईले कि शाहपुर के मेडिकल कॉलेज रोड स्थित राधिका कॉम्प्लेक्स में इम्पीरियल ट्रैवल गाइड के नाम पे विदेश भेजे खातीर कार्यालय खुलल बा। जान-पहचान के बतावला पे आफिस पहुंचली त जालसाज ₹ 55000 अउरी पासपोर्ट जमा क के कहलस कि जल्दिए आपके विदेश भेज दिहल जाई। 2 महीना बाद शनिवार के जब पीड़ित फोन कईले त उ स्विच ऑफ बतावत रहे ।

 

एकरा बाद सोमवार के जब ऑफिस पहुंचनी त ताला बंद रहे। पता चलल लोग बतवले कि उ करीब 250 लोग के विदेश भेजे के नाम पे करोड़ों रुपया लेके फरार हो गईल बाड़े। एकरा बाद पीड़िता सोमवार के मुख्यमंत्री के जनता दर्शन में शिकायत कईले। शिकायत के संज्ञान में शाहपुर पुलिस बुधवार के आरोपी जालसाज के खिलाफ मामला दर्ज क जांच शुरू क देलस। पुलिस के कहल बा कि अउरी विवरण निकालल जा रहल बा| एकरा संगे-संगे आरोपी के तलाश जारी बा। पुलिस बहुत लोग से पूछताछ करतिया। जल्दिए आरोपी के गिरफ्तार क लिहल जाई। एकरा संगे-संगे पुलिस लोग के अउरी सतर्क रहे के सलाह भी देले बिया। बढ़त साइबर अपराध के देखत पुलिस जागरूक होखे के कहलस, आरोपी से जुड़ल जानकारी सभ पीड़ित से लिहल जाता।

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.