[the_ad_group id="30365"]

Haunted Railway Station: इ देश के सबसे भूतिया रेलवे स्टेशन ह, अन्हार के बाद केहु ना लउकेला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भूतिया रेलवे स्टेशन : भारतीय रेलवे दुनिया के सबसे बड़ रेल नेटवर्क में से एक ह। जदी रेलवे स्टेशन के बात करीं त अपना देश में लगभग 8500 रेलवे स्टेशन बा। अइसने में आज हमनी के एगो रेलवे स्टेशन के बारे में बतावे जा रहल बानी जा जवन देश के सबसे भूतिया रेलवे स्टेशन मानल जाला। साँझ के बाद एह रेलवे स्टेशन प लोग ना लउकेला। एतने ना, रात में इहाँ से कवनो ट्रेन गुजरे त यात्री खिड़की भी बंद क देले। लोग के मानना बा कि एह स्टेशन के देखलो भर भी कवनो खतरा से रहित नइखे। इहे कारण बा कि एह स्टेशन के देश के सबसे भूतिया रेलवे स्टेशन मानल जाला। साँझ साढ़े पाँच बजे के बाद इहाँ कवनो इंसान ना लउकेला। इहाँ जाके लोग काँप जाला। अब रउरा सोचत होखब कि ई स्टेशन कहाँ बा? त आईं हम रउरा सभे के एकरा बारे में अउरी जानकारी देत बानी।

ई भूतिया रेलवे स्टेशन बंगाल के पुरुलिया में बा, जेकर नाम बेगुनकोदर बा। ई स्टेशन लगभग 42 साल तक बंद रहल, एकरा पीछे के कारण जान के रउआ हैरान होखब। असल में स्थानीय लोग के मानना बा कि एह स्टेशन पर लइकी के भूत बा, एही से लोग शाम के इहाँ जाए से पहिले काँप जाला। बेगुनकोदार रेलवे स्टेशन के शुरुआत 1960 में भइल रहे, बाकी मात्र 7 साल बाद बंद हो गइल। हालांकि ई स्टेशन 2007 में फेर से खुलल रहे बाकिर लोग के मानना बा कि ई जगह भूत-प्रेत के सतावत बा ।

ई स्टेशन बहुत सुनसान जगह प बा, आसपास के भवन भी काफी डरावना लागत बा। एह स्टेशन प कवनो प्लेटफार्म नइखे । कोलकाता से 260 किलोमीटर दूर एह भूतिया स्टेशन में 12 बाई 10 फीट के मात्र एक टिकट काउंटर बा। बतावल जाता कि संथाल जनजाति के रानी लखन कुमारी इ स्टेशन शुरू कइले रहली। लखन कुमारी स्टेशन बनावे खातिर रेलवे के भारी सब्सिडी देले रहली। स्टेशन शुरू भइला के बाद कुछ साल तक इहाँ सब ठीक रहे, बाकी फेर इहाँ कुछ अजीब-अजीब घटना होखे लागल।

असल में कुछ अफवाह रहे कि एह स्टेशन प ट्रेन दुर्घटना में एगो लइकी के मौत हो गइल रहे, ओकरा बाद साल 1967 में बेगुनकोदार के एगो रेलवे कर्मचारी इहाँ एगो औरत के भूत देखे के दावा कइले रहे। लोग बतवले कि ए रेलवे स्टेशन के पटरी प एगो लइकी सफेद कपड़ा पहिनले देखल गइल।

धीरे-धीरे स्टेशन के बारे में बहुत कहानी लोकप्रिय होखे लागल। इहे कारण बा कि एह स्टेशन के भूतिया स्टेशन के नाम से जानल जाए लागल। स्थानीय लोग के मुताबिक जब स्टेशन खुलल त स्टेशन मास्टर के पटरी प एगो महिला देखाई देलस। आज भी एह जगह से जुड़ल भूत-प्रेत के कहानी काफी मशहूर बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]