[the_ad_group id="30365"]

Haunted places of India : लखनऊ के इ 5 सबसे खतरनाक जगह ! लोग दिनो में जाए से डेरा जाला

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ में सबसे भूतिया जगह : उत्तर प्रदेश के राजधानी आ नवाब शहर लखनऊ पर्यटन के नजरिया से बहुत खास बा। लखनऊ में इमामबारा, रेजिडेंसी, भूलभुलैया, अम्बेडकर पार्क आ जनेश्वर मिश्र जइसन कई गो पर्यटन स्थल बा। लेकिन, कुछ अइसन डरावना जगह (भूतिया जगह) बा जहाँ लोग दिनो में जाए से डेराला। एह डरावना जगहन के बारे में बहुत कहानी बा। कुछ लोग एह जगहन के भूत आदि से जोड़त बा । हालांकि एहमें केतना सच्चाई बा एकर कवनो सबूत नइखे मिलल । लखनऊ के एह डरावना जगहन के बारे में बताईं जा।

लखनऊ में स्थित बेगम कोठी भी जनता के डरावना लागत बा। कहल जाला कि 1857 के पहिला स्वतंत्रता संग्राम में इहाँ सैकड़ों क्रांतिकारी शहीद हो गईले। दावा कइल जाला कि ओह क्रांतिकारन के आत्मा एहिजा भटकत रहेला ।

सिकंदर बाग के भी लखनऊ के डरावना जगहन में से एगो मानल जाला। लोग कहेला कि देर रात इहाँ चिल्लाहट के आवाज सुनाई देला।

लखनऊ के ऑयल हाउस डरावना मानल जाला। एकरा से जुड़ल कई गो कहानी जनता के बीच चर्चा हो रहल बा। लोग इहाँ जाए से डेरात बा काहे कि पहिले कई साल से बंद रहे।

लखनऊ के रेलवे क्वार्टरो जनता के बीच चर्चा के विषय बन रहल बा। इहो एगो डरावना जगह ह। लोग एह जगह से जुड़ल कई गो भूत-प्रेत के कहानी भी सुनावेला। लोग दिनो में इहाँ जाए से डेरात बा। हालांकि एकर कवनो सबूत नईखे।

लखनऊ के बलरामपुर अस्पताल के बारे में भी डरावनी कहानी प्रचलित बा। ई अस्पताल अंग्रेज काल में बनल रहे। एह से जुड़ल बहुते डरावना कहानी बाड़ी सँ । हालांकि एकर कवनो सबूत नईखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]