Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Haunted news : ई उपकरणन से रउरा अपना आसपास आत्मा के मौजूदगी के जांच क सकेनी

669

आत्मा सब मोबाइल, एसी, कवनो भी तरह के इलेक्ट्रॉनिक आ इलेक्ट्रिकल आइटम आ इंसानन के ऊर्जा तक खा जाले। जदी अचानक राउर माथा भारी हो जाला, सांस में तकलीफ हो जाता, पसीना आवे लागता, तब समझीं कि उहाँ मौजूद आत्मा राउर ताकत चूस रहल बा।

जदी रउआ भी भूत भा अलौकिक शक्ति में विश्वास करेनी त रउआ अकेले नइखीं। दुनिया भर के लगभग हर संस्कृति के लोग आत्मा के अस्तित्व में विश्वास करेला। अरबों लोग के एह विषय में रुचि बा। साल 2013 में अमेरिका में भइल एगो अध्ययन में पाता चलल कि उच्च पढ़ल-लिखल 43 प्रतिशत से जादे अमेरिकी भूत आ आत्मा में विश्वास करेले।

लोग समय-समय प आत्मा से बात करे के कोशिश करेले आ बहुत लोग ओह लोग से संवाद करे में सक्षम होखे के दावा करेले । जवना स्पिरिट के जांच करे खातिर बहुत टीम बा, जवना में खास उपकरण होखेला, जवना के ‘ घोस्ट डिटेक्टर’ कहल जाला।

कई गो वैज्ञानिक भी आत्मा के खोज में लागल बाड़े। उनकर मानना बा कि आत्मा के अस्तित्व विज्ञान से अलग नइखे। कैम्ब्रिज विश्वविद्यालय के भौतिकी के प्रोफेसर डॉ. ब्रायन डी. जोसेफसन के भी वैज्ञानिक लोग के एह समूह में शामिल कइल गइल रहे, जेकरा के 1973 में भौतिकी के नोबेल पुरस्कार भी मिलल बा। अपना एगो प्रोजेक्ट के दौरान डॉ. जोसेफसन भूत के पता लगावे वाला उपकरण में अलग-अलग प्रकार के लहर के महसूस कइले जवन कि मानव साधन से संभव नइखे। हालांकि वैज्ञानिक आ बाकी वर्ग एकर आलोचना कइले, बाकी ऊ उपकरण प लोग के भरोसा कम ना भइल, बालुक बढ़ गईल।

अइसन 7 गो उपकरण के बारे में जानीं, जवना के बारे में पैरानारमल जांचकर्ता लोग के कहनाम बा कि उ लोग अपना आसपास आत्मा के मौजूदगी के पता लगा सकतारे।

डिजिटल आवाज रिकार्डर (DIGITAL VOICE RECORDER)

ई उपकरण ईवीपी (इलेक्ट्रॉनिक आवाज घटना) सत्र के दौरान उपयोगी होला। दावा कइल जाला कि भूत संवेदनशील तरीका से डिजाइन कइला से कवनो रहस्यमयी आवाज ओकरा में कैद हो जाला । बाजार में कई तरह के रिकॉर्डर उपलब्ध बा बाकि पैरानारमल चीज़ के जांच करेवाला लोग एकरा में संशोधन करेले। जब एकरा के भूतिया जगहन प चालू कइल जाला त अक्सर सवालन के जवाब रिकार्ड कइल गइल बा, एहमें नाम, चिल्लाहट, रोअल, सिसकत, गारी दिहल, दरवाजा खटखटावल, दौड़ल भा अउरी कई गो आवाज शामिल बा ।

डिजिटल कैमरा नाइट विज़न के संगे (DIGITAL CAMERA WITH NIGHT VISION)

नाइट विजन कैमरा,शिकारी लोग के दावा बा कि कबो-कबो अजीब-अजीब छाया भागत भा कवनो इशारा करत देखल जाला। एकरा में इन्फ्रारेड लाइटिंग बा जवन कि साधारण कैमरा में ना होखेला। जे लोग पैरानारमल चीज़ के आपन पेशे के रूप में अपनावेला, उ लोग एकरा के पानी के प्रतिरोधी आ बैटरी के बढ़िया बैकअप वाला पसंद करेले।

 

 

विद्युत चुम्बकीय क्षेत्र डिटेक्टर विद्युत चुम्बकीय क्षेत्र (ईएमएफ) डिटेक्टर (ELECTROMAGNETIC FIELD [EMF] DETECTOR)

जदी रउवा आत्मा के खोज में लागल बानी त इ होखल बहुत जरूरी बा। इ विद्युत चुम्बकीय विकिरण के कैप्चर करेला। हालांकि बहुत सवाल उठल बा कि ए प्रकार के विकिरण कवनो भी जगह प हो सकता, जहां मोबाइल टावर, वाईफाई राउटर होखे चाहे बिजली के तार होखे। एकरा प पैरानारमल जांचकर्ता लोग के तर्क बा कि सामान्य जगहन प आवृत्ति स्थिर रहेला जबकि जहाँ आत्मा होला ओहिजा ई बदलत रहेला । बार-बार ई ब्लिंक करेला।

इन्फ्रारेड थर्मामीटर (INFRARED THERMOMETER)

तापमान में बड़हन बदलाव अक्सर भूतिया जगहन प देखल जा सके ला। जइसे कि सामान्य से बहुते गरम भा ठंडा । अइसने में जांचकर्ता इ थर्मामीटर भी अपना संगे राखेले। तापमान के अलावा इनहन के इस्तेमाल थर्मल रेडिएशन के नापे खातिर भी होला जे कुछ रहस्यमय मौजूदगी के कारण होखेला।

बाइनरी रिस्पांस डिवाइस (BINARY RESPONSE DEVICE)

सरल भाषा में एकरा के हाँ/ना बॉक्स भी कहल जाला। भूत-प्रेत के शिकार के दौरान भी इ एगो जरूरी औजार ह। भूत शिकारी लोग आत्मा से बात करे आ सवाल के जवाब देवे के दावा करेला। कई बेर एह बक्सा के इस्तेमाल हाँ भा ना के सवाल में कइल जाला। आत्मा अपना ऊर्जा भा शक्ति से बक्सा प हाँ भा ना बल्ब में से एगो बल्ब जरा देली सँ ।हाँ खातिर हरियर बत्ती आ ना खातिर लाल बत्ती बा आ ई बात आत्मा लोग के भी बतावल जाला।

 

एकरा के राखल भी जरूरी बा

एकरा अलावे अवुरी बहुत कुछ बा, जईसे कि जांचकर्ता के मानना बा कि आत्मा में ऊर्जा के सोख लेवे के प्रवृत्ति होखेला। ई इलेक्ट्रॉनिक आ इलेक्ट्रिकल दुनों स्रोत से ऊर्जा लेलें। अयीसना में सबसे पहिले मोबाइल अवुरी कैमरा के बैटरी कम हो जाला। इनहन खातिर बैटरी बैकअप रखल जाला। आमतौर प सभ जांच रात में होखेला एहसे एगो शक्तिशाली मशाल होखल जरूरी होखेला। साथही टीम से संपर्क करे खातिर हर सदस्य के लगे वॉकी टॉकी होला जेहसे कि अगर अलगा हो गइल त तुरते संपर्क कइल जा सके. पैरानारमल जांचकर्ता लोग के लगे भी बढ़िया क्वालिटी के एयर केस बा जवना से सभ उपकरण के सुरक्षित रूप से ले जाइल जा सके।

796910cookie-checkHaunted news : ई उपकरणन से रउरा अपना आसपास आत्मा के मौजूदगी के जांच क सकेनी

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.