हरियाणा: फरीदाबाद के अंडरपास में भरल पानी में डूबल महिंद्रा XUV 700, दु जने के मउत

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 14, 2024

      हरियाणा के फरीदाबाद में पानी से भरल अंडरपास में एगो कार डूबला से दू जने के मौत हो गइल बा. मरेवाला लोग के पहचान पुण्यश्रेय शर्मा अवुरी विराज द्विवेदी के रूप में

Share

दुर्घटना: फोटो

 

 

 

हरियाणा के फरीदाबाद में पानी से भरल अंडरपास में एगो कार डूबला से दू जने के मौत हो गइल बा. मरेवाला लोग के पहचान पुण्यश्रेय शर्मा अवुरी विराज द्विवेदी के रूप में भईल बा।

हरियाणा के फरीदाबाद में दुर्घटना के खबर बा। पुरान फरीदाबाद में पानी से भरल अंडरपास में महिंद्रा एक्सयूवी700 डूब गइल बा. एह हादसा में एचडीएफसी बैंक के मैनेजर आ कैशियर के मउत हो गइल बा. मरेवाला लोग के पहचान पुण्यश्रेय शर्मा अवुरी विराज द्विवेदी के रूप में भईल बा। मृतक पुण्यश्रेय शर्मा गुरुग्राम सेक्टर 31 एचडीएफसी बैंक शाखा के प्रबंधक रहले अवुरी विराज द्विवेदी इहाँ के कैशियर रहले। ई हादसा गुरुग्राम से लवटत घरी भइल.

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.