Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

हरमनप्रीत कौर पs 2 मैचन के बैन लागल: एशियन गेम्स के 2 मैच ना खेल पइहें; 3 डिमेरिट पॉइंट्स दिहल गइल 

1,494

भारतीय महिला क्रिकेट टीम के कप्तान हरमनप्रीत कौर पs 2 मैचन खातिर बैन लगावल गइल बा। एह बैन के चलते कौर एशियन गेम्स के दु सुरूआती मैच ना खेल पइहें। कौर बांग्लादेश के खिलाफ तीसरका वनडे मैच में स्टंप में बैट मरले रहली आ अंपायर के फैसला पs असहमति जतवले रहली।

34 साल के भारतीय कप्तान के इंटरनेशनल क्रिकेट काउंसिल (ICC) 2 अलग-अलग ममिलन में सजा देले बा। हरमन के ICC के कोड ऑफ कंडक्ट के लेवल-2 के उल्लंघन करे के दोषी मानल गइल बा, जवना कारण उनका पs मैच फीस के 50% जुर्माना लगावल गइल बा। संगही सजा के तौर पs 3 डिमेरिट अंको दिहल गइल बा।

हरमनप्रीत कौर पs ‘इंटरनेशनल मैच में होखे वाला घटना के संबंध में सार्वजनिक आलोचना’ से संबंधित लेवल-1 के उल्लंघन खातिर उनकर मैच फीस के 25 प्रतिशत जुर्माना लगावल गइल  रहे, ऊ प्रेजेंटेशन सेरेमनी के दौरान मैच में अंपायरिंग के खुलेआम आलोचना कइले रहली।

एशियन गेम्स में 22 सितंबर के होई भारत के पहिला मैच

एशियन गेम्स में भारतीय टीम के पहिला मुकाबला 22 सितंबर के खेलल जाई। टीम इंडिया ICC टी-20 रैंकिंग में एशिया के टॉप टीम हियs। एहिसे सीधे क्वार्टर फाइनल खेली। पाकिस्तान, श्रीलंका आ बांग्लादेश टॉप-4 टीमन में सामिल बा, जवन टॉप-8 से एंट्री करी। 23 सितंबर के एशियन गेम्स के ओपनिंग डे हs, एह दिन क्रिकेट मैच मना होई।

क्वार्टर फाइनल के बाद 25 सितंबर के 2 सेमीफाइनल होई आ 26 सिंतबर के फाइनल खेलल जाई। फाइनल के दिन सबेरे सेमीफाइनल हारे वाली टीमन के बीच थर्ड प्लेस मैचो होई। विमेंस कैटेगरी में कुल 14 मैच होई।

एकरा पहिले बाकी 10 टीम क्वालिफायर राउंड खेलिहें सs। क्वालिफायर के 6 मैच 19 से 21 सितंबर तक होई। 22 आ 24 सितंबर के 4 क्वार्टर फाइनल होई।

का बा पूरा ममिला

बांग्लादेश के खिलाफ तीसरका वनडे में LBW आउट होखला के बाद भारतीय कप्तान हरमनप्रीत कौर स्टंप्स के बैट मार देले रहली। ऊ अंपायर के फैसला से निराश नजर आइल रहली आ पवेलियन लवटत घरी गुस्सा में फील्ड अंपायर से कुछ कहत लउकली। ट्रॉफी फोटोशूट में ऊ ई तक कह देले रहली कि इहां खिलाड़ियन के संगे अंपायर्स के होखे चाहीं।

मैच के बादो ऊ आपन गुस्सा जाहिर कइली आ कहली, ‘अंपायरिंग बहुत खराब रहल, इंटरनेशनल लेवल पs एह तरे के फैसला बहुत निराशाजनक लागत बा।’

हरमन 34वां ओवर में आउट भइली आ 226 रन के टारगेट के पीछा कs रहल टीम इंडिया 225 रन बना सकल। तीसरका वनडे टाई हो गइल आ 3 वनडे के सीरीज 1-1 से बराबरी पs खतम भइल। मैच के अंपायर मुहम्मद कमरुज्जमान आ तनवीर अहमद रहे लो। दुनो अंपायर बांग्लादेश के रहे लो।

609330cookie-checkहरमनप्रीत कौर पs 2 मैचन के बैन लागल: एशियन गेम्स के 2 मैच ना खेल पइहें; 3 डिमेरिट पॉइंट्स दिहल गइल 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.