[the_ad_group id="30365"]

Rajya Sabha Deputy Chairman Election : हरिवंश नारायण सिंह तीसरका बेर राज्यसभा के उपसभापति बनलें, पीएम मोदी देलें बधाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नई दिल्ली। राज्यसभा के मनोनीत सांसद हरिवंश नारायण सिंह लगातार तीसरका बेर राज्यसभा के उपसभापति चुनल गइल बा। ऊ एह पद पs निर्विरोध चुनल गइल बाड़ें, काहे कि विपक्ष कवनो उम्मीदवार खड़ा ना कइलस। एह चुनाव के आधिकारिक घोषणा सुक के कइल गइल।

हरिवंश के पिछिला कार्यकाल 9 अप्रिल के खतम हो गइल रहे, जवना के बाद ई पद खाली हो गइल रहे। सभापति आ उपराष्ट्रपति सीपी राधाकृष्णन नियम के तहत चुनाव खातिर सुक के दिन तय कइलें। नामांकन के आखिरी तारीख बियफे के दुपहरिया 12 बजे तक रखल गइल रहे।

विपक्ष ना उतरलस उम्मीदवार

सूत्रन के मोताबिक, हरिवंश के समर्थन में कुल पांच प्रस्ताव जमा भइल, जबकि विपक्ष के तरफ से कवनो उम्मीदवार के नाम ना आइल। विपक्ष एह चुनाव के बहिष्कार कइलस। उनका मोताबिक, पिछिला सात साल से लोकसभा में उपाध्यक्ष के नियुक्ति ना होखला के विरोध में ई डेग उठावल गइल बा।

पीएम मोदी का कहलें?

हरिवंश के लगातार तीसरका बेर उपसभापति बनला पs प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी बधाई देलें। ऊ कहलें, लगातार तीसरका बेर चुनल गइल ई साबित करत बा कि सदन के रउआ पs गहिराह भरोसा बा। राउर अनुभव से सदन के बहुते फायदा मिलल बा।

पीएम मोदी आगे कहलें, हरिवंश जी के नेतृत्व में सदन के कामकाज आउर मजबूत भइल बा। ऊ सब केहू के साथ लेके चले के कोसिस करेलें आ अपना अनुभवन से सदन के बेहतर बनावेलें।

प्रधानमंत्री कहलें कि नया कार्यकाल में हरिवंश संतुलन आ समर्पण के संगे काम करिहें। सब केहू मिलके सदन के गरिमा के आउर ऊंचाई पs ले जाईं।

कुल मिलाके, हरिवंश नारायण सिंह के तीसरका बेर निर्विरोध चुनल गइल एनडीए खातिर बड़ राजनीतिक सफलता मानल जा रहल बा।

Read Also: Nashik TCS Case : नासिक टीसीएस धर्मांतरण केस में नया मोड़, आरोपी निदा खान कहली- हम प्रेग्नेंट बानी, कोर्ट से मंगली राहत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]