Nashik TCS Case : नासिक टीसीएस धर्मांतरण केस में नया मोड़, आरोपी निदा खान कहली- हम प्रेग्नेंट बानी, कोर्ट से मंगली राहत

Nashik TCS Conversion Case Nida Khan Investigation SIT Action

Share

नई दिल्ली। महाराष्ट्र के नासिक में टीसीएस कंपनी से जुड़ल जबरदस्ती धर्म परिवर्तन आ यौन उत्पीड़न के ममिला में नया मोड़ आ गइल बा। एह केस में आरोपी बतावल जा रहल निदा खान अब सामने आके दावा कइले बाड़ी कि ऊ प्रेग्नेंट बाड़ी आ कोर्ट से राहत के गुहार लगवले बाड़ी।

मुंबई में बा लोकेशन

परिवार के अनुसार, निदा खान एह समय मुंबई में बाड़ी। ऊ नासिक के अदालत में अग्रिम जमानत खातिर अर्जी देले बाड़ी, जवना में आपन मेडिकल हालत के बड़ आधार बनवले बाड़ी। पुलिस उनका खोज में लागल बिया आ एसआईटी टीम लगातार कार्रवाई करत बिया।

एचआर मैनेजर ना, टेलीकॉलर रहली?

रिपोर्ट के मोताबिक, नया खुलासा इहो भइल बा कि निदा खान टीसीएस के एचआर मैनेजर ना रहली, बलुक टेलीकॉलर के रूप में काम करत रहली। एह बात के पुष्टि जांच एजेंसी कs रहल बा।

अब तक 7 आरोपी गिरफ्तार

एह ममिला में अभी तक सात लोगन के गिरफ्तारी हो चुकल बा, जवना में छव गो पुरुष आ एगो महिला एचआर हेड सामिल बाड़ी। पुलिस कंपनी में यौन उत्पीड़न आ जबरन धर्म परिवर्तन से जुड़ल नव गो शिकायतन के जांच करत बिया।

का हs पूरा ममिला?

कंपनी के कर्मचारी लोग आरोप लगवले बा कि वरिष्ठ लोग मानसिक आ यौन उत्पीड़न कइल आ एचआर विभाग शिकायत के नजरअंदाज कइलस। कुछ केस में बियाह के झूठा वादा कs के शारीरिक संबंध बनावे के आरोप लागल बा।

धार्मिक उत्पीड़न के आरोप

पुलिस के अनुसार, कुछ कर्मचारी के जबरदस्ती नमाज पढ़े के मजबूर कइल गइल आ उनका धर्म के अपमान कइल गइल। महिला कर्मचारियन के खास तौर पs निशाना बनावल गइल, खास कs के 18 से 25 साल के उमिर वाला लइकियन के।

टीसीएस के बयान

टीसीएस साफ कइले बा कि कंपनी के ‘जीरो टॉलरेंस’ नीति बा। कंपनी कहलस कि जइसही ममिला सामने आइल, तुरंत कार्रवाई कइल गइल आ जांच पूरा होखे तक संबंधित कर्मचारियन के सस्पेंड कs दिहल गइल बा।

जांच जारी

फिलहाल पुलिस आ जांच एजेंसी पूरा ममिला के गहराई से जांच करत बाड़ी सs। एह केस से पूरा देस में हड़कंप मच गइल बा आ आगे के कार्रवाई पs सब केहू नजर बा।

Read Also: Rohit Sharma : रोहित शर्मा खेलिहें वनडे वर्ल्ड कप 2027? ‘कर्नल’ वेंगसरकर के बयान से बढ़ल चरचा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
 
- Sponsored Ads-