वाराणसी अदालत में ज्ञानवापी विवाद में सुनवाई पूरा, फैसला काल्ह तक सुरक्षित

By Anurag Ranjan

Published on: May 23, 2022

ज्ञानवापी विवाद सोमार का दिने पहिला बेर वाराणसी के जिला अदालत में पेश हो गइल बा. दुनु पक्ष के 19 गो वकील आ चार गो याचिकाकर्ता के कोर्टरूम में घुसे के इजाजत दिहल गइल. कोर्ट

Share

ज्ञानवापी विवाद सोमार का दिने पहिला बेर वाराणसी के जिला अदालत में पेश हो गइल बा. दुनु पक्ष के 19 गो वकील आ चार गो याचिकाकर्ता के कोर्टरूम में घुसे के इजाजत दिहल गइल. कोर्ट कमिश्नर रहल अजय मिश्रा के कोर्टरूम जाए से रोक दिहल गइल. बतावल जाता कि सूची में नाम ना होखला के चलते उनुका के भीतर ना जाए दिहल गईल। जिला जज डा. अजय कृष्ण विश्वेश के अदालत में ए बारे में सुनवाई करीब 45 मिनट तक चलल। ई फैसला मंगल का दिने दुपहरिया दू बजे ले सुरक्षित राखल गइल बा.

मुस्लिम पक्ष इ तर्क दिहलस

  • मुस्लिम पक्ष के कहना बा कि एहिजा नमाज चढ़ावल गइल बा.
  • 1937 में दिन मोहम्मद के मामला के हवाला दिहल गईल बा।

सुप्रीम कोर्ट तीन दिन पहिले ए मामला के सत्र अदालत से जिला अदालत में स्थानांतरित करे के आदेश देले रहे। ज्ञानवापी से जुड़ल सर्वे रिपोर्ट शनिवार के ही अदालत में पेश कईल गईल रहे। जिला अदालत में सुनवाई खाती सुरक्षा के कड़ा इंतजाम कईल गईल बा। भारी संख्या में जवान बहरी तैनात बाड़े। सुनवाई के दौरान भीड़ ना लागे। एकर भी ध्यान राखल गईल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.