[the_ad_group id="30365"]

आस्था: हेमकुण्ड साहिब के दर्शन 22 मई से

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुरुद्वारा श्री हेमकुण्ड साहिब के कपाट 22 मई दिन अतवार के भोरे 10:30 बजे से खोल दिहल जाई। कपाट खुले के तारीख तय होखते गुरुद्वारा श्री हेमकुण्ड साहिब मैनेजमेंट ट्रस्ट यात्रियन के सुविधा ला तइयारी में जुट गइल बा। गुरुद्वारा श्री हेमकुण्ड साहिब के कपाट खुले के तिथि के घोसना ट्रस्ट के उपाध्यक्ष नरेंद्र जीत सिंह बिंद्रा द्वारा भइल। बता देहल जाव कि श्री हेमककुण्ड साहिब में माथा टेके दुनिया भर के श्रद्धालु पहुंचे ला लो।

सिख लोगन के हs पवित्र तीर्थ स्थल

अइसे तs सिख लोगन के बहुते प्रसिद्ध गुरुद्वारा बा, जवन देस के कोना-कोना में इस्तिथ बा। पटना साहिब, बंग्ला साहिब, शीशगंज गुरुद्वारा अस आउर कइयन गो गुरुद्वारा हर साल श्रद्धालु लोगन के माथा टेकला खातिर जानल जाला। बाकिर चमोली में मवजूद हेमकुण्ड साहिब के अलगे महत्व बा। एहुजा हर साल बड़ तादाद में श्रद्धालु माथा टेके पहुंचे ला लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]