फिलिम ‘दृश्यम’ जइसन कांड: हत्या कs दफनावत रहे लाश, गांव के युवक देख लेले रहे; अब ढाई साल बाद भइल कुछ अइसन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 28, 2023

  झारखंड के गुमला शहरी इलाका में पुलिस जमीन के नीचे से एगो नरकंकाल बरामद कईले बिया। ई कंकाल राजा रजक नाम के एगो नवही के हs जवन करीब ढाई साल पहिले अचानक लापता हो

Share

 

झारखंड के गुमला शहरी इलाका में पुलिस जमीन के नीचे से एगो नरकंकाल बरामद कईले बिया। ई कंकाल राजा रजक नाम के एगो नवही के हs जवन करीब ढाई साल पहिले अचानक लापता हो गइल। बतावल जाता कि युवक के हत्या के बाद जब हत्यारा ओकर लाश जमीन के नीचे गाड़त रहले त गांव के एगो युवक ओ के देखले रहे। हत्यारा के धमकी के चलते उ अबे ले मुंह बंद कs के रखले रहले। ढाई साल बाद प्रत्यक्षदर्शी मरेवाला के परिवार के लोग के सूचना देले। एकरा बाद पुलिस में शिकायत कईल गईल।

युवक के खुलासा के 5 दिन बाद परिवार खुदाई करइलस

गुमला शहरी थाना क्षेत्र के चेटर सरना टोली बस्ती में भइल घटना। एह हत्या के मामिला के पर्दाफाश करे वाला नवही के नाम निरंजन कूजुर उर्फ चरका हs। उनुका कहला पs पुलिस 22 दिसंबर के मजिस्ट्रेट के मौजूदगी में जगह के खुदाई कईलस, लेकिन खुदाई में कुछूओ ना मिलल। निरंजन कुजुर मरेवाला के परिवार के लोग से बात करत आश्वासन देले कि राजा के लाश के हत्या कs के इहाँ जमीन में दफना दिहल गईल बा। 5 दिन बाद युवक के परिवार खुदाई करा देले। इहाँ से जब नर कंकाल के कुछ हिस्सा मिलल तs पुलिस के फेर से सूचना दिहल गईल। एकरा बाद पुलिस खुदाई के दौरान कंकाल के बचल हिस्सा के बरामद कs लेलस। कंकाल के फोरेंसिक जांच अवुरी पोस्टमार्टम खातीर रिम्स भेजल गईल।

मुँह खोलला पs मारे के धमकी दिहले रहले

हत्या के प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक ढाई साल पहिले 20 जून के गांव के परम कुमार लहरी अवुरी गणेश महतो मिल के राजा रजक के हत्या कs देले रहले। सभे एक संगे शराब पी के आपस में झगड़ा करत रहले। एही बीच राजा रजक के तेज हथियार से हत्या क के लाश दफना दिहलस।

प्रत्यक्षदर्शी के मुताबिक, जदी हम केहु के ए बारे में बतईती तs हमरा अवुरी हमार दिव्यांग माता-पिता के जान से मारे के धमकी दिहल जात रहे। एकरा चलते उ चुप हो गईले। फिलहाल पुलिस मामिला के जांच करतिया। अबे ले केहु के गिरफ्तारी नईखे भईल।

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.