[the_ad_group id="30365"]

Gujarat : गुजरात एटीएस के बड़ कार्रवाई, जैश-ए-मोहम्मद से जुड़ल 5 संदिग्ध गिरफ्तार, जांच तेज

Fake UP ADM Fraud Case Accused Arrested for 60 Lakh Cheating
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुजरात। गुजरात आतंकवाद निरोधक दस्ता (ATS) एगो बड़ कार्रवाई करत प्रतिबंधित आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद से कथित रूप से जुड़ल पांच संदिग्धन के गिरफ्तार कइले बा। एटीएस के मोताबिक, ई कार्रवाई राज्य के अलग-अलग जिला में चलावल गइल आ गिरफ्तार लोगन के संबंध पहिले गिरफ्तार कइल गइल संदिग्धन से बतावल जा रहल बा। फिलहाल पुलिस पूरा ममिला के गहराई से जांच करत बिया।

गुजरात ATS के अनुसार गिरफ्तार कइल गइल आरोपियन के पहचान एह तरे बा-

  • बिलाल आबिद शेरा
  • मोहम्मद अयूब काडीवाल उर्फ मोहम्मद खड़ियासन
  • मोहम्मद शफी मुखी उर्फ शफी चापी
  • मोहम्मद हसन क. राडिया उर्फ हसन हैदरपुरी
  • मोहम्मद अयूब सुमासरा उर्फ मोहम्मद खली

जांच एजेंसी के दावा बा कि ई लोग प्रतिबंधित आतंकी संगठन जैश-ए-मोहम्मद से कथित संपर्क में रहे।

पहिले गिरफ्तार संदिग्धन से जुड़ल बा तार

ATS के अनुसार, एह पांचो संदिग्धन के संबंध पिछिला महीना गिरफ्तार कइल गइल आठ संदिग्ध लोग से सामने आइल बा। जांच के दौरान मिलल जानकारी आ सबूत के आधार पs एह लोग के हिरासत में लिहल गइल बा। पुलिस अब ई पता लगावे में जुटल बिया कि ई लोग के भूमिका का रहे आ कवना गतिविधियन में एह लोगन के कथित सहभागिता रहे।

स्लीपर सेल से जुड़ल पहलू के जांच

जांच एजेंसी के मोताबिक, गुजरात में कथित तौर पs आतंकी नेटवर्क आ स्लीपर सेल तइयार करे के कोसिस के पहलू पs जांच चल रहल बा। ATS एह बात के जांच करत बा कि गिरफ्तार संदिग्ध लोगन के संपर्क कवना-कवना लोग से रहे आ कहीं ई नेटवर्क के विस्तार करे के प्रयास तs नइखे हो रहल।

ATS अधिकारी का कहलें?

ATS के पुलिस उपाधीक्षक हर्ष उपाध्याय बतवलें कि पहिले गिरफ्तार कइल गइल संदिग्धन से मिलल जानकारी के आधार पs एह पांच लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। उनकर कहनाम बा कि जांच अभी जारी बा आ सब पहलू पs विस्तार से पड़ताल कइल जा रहल बा। जरूरत पड़ला पs अउरियो कार्रवाई हो सकेला।

जांच जारी

गुजरात ATS आ बाकी सुरक्षा एजेंसी पूरा ममिला पs नजर बनवले बाड़ी सs। अधिकारी सबूत जुटावे, डिजिटल रिकॉर्ड के जांच करे आ संदिग्धन से पूछताछ के आधार पs आगे के कार्रवाई कs रहल बा लोग।

Read Also: NEET UG 2026 Topper List : आर्यन गुप्ता आ पांशुल बंसल बनलें ऑल इंडिया टॉपर, इहां देखीं टॉप-10 टॉपर लिस्ट आ कटऑफ

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]